कृषि क्षेत्र के समस्या आ समाधान के उपाय विषयक बतकही कार्जक्रम
बारा १८ माघ,
जिल्ला के कृषि क्षेत्र मे रहल समस्या आ समाधान के उपाय विषयक बतकही कार्जक्रम बारा के कलैया मे पुरा भईल बा ।
कार्जक्र मे अनेकन प्रस्तावसब भी पारित भईल बा ।
कार्जक्रम मे मछरी पोसे मे देखल गईल समस्या आ ओकर प्रशोधन के खातिर सरकार से व्यवस्था करेके, एहितरे मत्स्य विकास कार्यालय बारा मे स्थापना कईला के साथे सुपर जोन कार्जक्रम व्यवस्थित रूप मे अगाडि बढावे के योजना लियावे खातिर सरकार से माग करेके निर्णय कईले बा ।
ऊँख किसान से रोपल समय से क्रसिंग आ भुक्तानी तक के सभी समस्या समाधान करे खातिर सरकार से माग करेके निर्णय कईले बा ।
एहितरे कृषकलोग के खातिर समय मे उन्नत जात के बीया आ खाद उपलब्ध करावे के साथे भण्डारण आ बजारीकरण के व्यवस्था करे खातिर माग करेके भी प्रस्ताव पारित कईले बा ।
शहिद मुखलाल स्मृति प्रतिष्ठान आ अखिल नेपाल किसान महासंघ नेपाल के संयुक्त आयोजना मे पुरा भईल कार्जक्रम से पारित कईल प्रस्ताव नेपाल सरकार के कार्यानयन करे खातिर निहोरा करेके नेकपा के नेता एवं प्रतिष्ठान के सदस्य मनोज पौडेल बतवनी ।
अखिल नेपाल किसान महासंघ नेपाल के प्रदेश अध्यक्ष प्रेम बराल के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पूर्वमन्त्री पुरुषोत्तम पौडेल, प्रदेश सभा के सदस्य सुन्दर बिक, सिता गुरुङ, संविधानसभा सदस्य जयराम दाहाल, किसान नेतालोग छबिलाल उप्रेती, सचितान््द साह, जितेन्द्र तिवारी, ढुण्डीराज उप्रेती, ध्रुव यादव, गोपीकृष्ण खतिवडा, मधुसुदन अधिकारी, जङ्गबहादुर शाह लगायत के लोग कार्जक्रम मे जिल्ला कृषि ज्ञान केन्द्र बारा के प्रमुख जितेन्द्र यादव आ सिरिस भट्टराई कार्यपत्र प्रस्तुत कईले रहनी ।
कार्यपत्र उपर विकासविद् दवारीका उप्रेती आ समाजशास्त्री बिरेन्द्र शाह टिप्पणी कईले रहनी । कार्जक्रम के संचालन जवाहिर अन्सारी कईले रहनी ।






