नदि के पानी फुहर करेवाला उद्योग विरुद्ध युवा संघ बारा के नेतृत्व पुगलें सरोकारवाला के शरण मे

बारा १९ माघ,

राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा शाखा के अध्यक्ष पुरूषोतम साह के अगुवाई मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकार फणीन्द्रमणी पोखरेल के ज्ञापन पत्र बुझावले बाडन ।

कलैया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्वर २४ श्रीपुर मे रहल रिलाईन्स सुगर एण्ड केमिकलस प्रालि उख के रस सफाई करेवाला मे अनेकन विषादी मिलावल पानी नदी मे पेठारहल जवना के रोके खातिर ज्ञापन पत्र बुझावले बा । कारखाना के नजदिक से पहल नदि जवना गाव मे बहल बा उहाँ के सर्वसधारण लोग पानी दुषित भईला से अनेकन विमारी होरहल बा जनकारी देहले बा ।

पशुपक्षी, गाई भैंस आ बकरी पानी पियला से मरहल साह जनकारी करावले बानी । मृत्य भईल आदमी के दाहसंस्कार देहला के वाद स्नान करेला पानी सफा ना भईला से बाहर जाएके परल स्थानिय लोग के कहनाम रहल अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी ।

नदि के पानी रोके खातिर के ज्ञापन पत्र बुझत जिल्ला प्रमुख फणीन्द्रमणि पोखरेल समस्या समधान करेला विहान सुबह ९ बजे प्रहरी प्रमुख सहित पिडित लोग आ सोकारबाल सहित के टोली अनुगमन कर के जनकारी देहनी ।

ज्ञापन बुझावे अध्यानन्द पाण्डे, धुरी साह, मुकेश साह, रबिन्द दास श्रेष्ठ, राज महम्मद राय, जितेन्द्र साह, अशोक तिवारी, उमेश यादव, संदिप यादव, अमित साह, सुरेन्द्र यादव, प्रभु यादव, बिनोद गुप्ता, रमोद यादव लगायत के लोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे पुगल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।