बलात्कार आरोप लागल एसएसपी शौरभ राणाद्वारा आत्मसमर्पण

काठमाण्डु १९ माघ,

बलात्कार आरोप लागल संघीय प्रहरी इकाइ कार्यालय धरान मे कार्यरत प्रहरी वरिष्ठ उपरीक्षक एसएसपी शौरभ राणा आत्मसमर्पण कईले बाडन । एतवार के दिन के जिल्ला प्रहरी कार्यालय सुनसरी मे खुदे पुगल सुनसरी के प्रहरी प्रमुख एसपी यज्ञविनोद पोखरेल जानकारी देहनी ।

राणाविरुद्ध बियफे के दिने सँझिया जबरजस्ती करणी के कसूर मे किटानी जाहेरी पडला के बाद पुलीस से पकडेके तइयारी सुरु कईले रहलन ।

इटहरी के एक होटल मे खुद उपर एसएसपी राणा जबर्जस्ती करणी कईल पीडित जनानी आरोप लगवले बानी ।

उनकर धरान के वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे स्वास्थ्य परीक्षण कईल गईल रहे । सुनसरी के पुलीस प्रमुख एसपी पोखरेल अब अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।