लइकी बलात्कार आरोप मे बारा मे भारतीय “बाबा” पकडईलें

बारा २० माघ,

१४ बरीस के लइकी के बलात्कार कईल आरोप मे पुलीस खुद के “झण्डा बाबा” बतावेवाला एक भारतीय नागरिक के पकडले बा ।
आशाराम बाबा के चेला बतावेवाला भारत राजस्थान बुन्दी जिल्ला थाना पाटन चिन्ताग्राम पञ्चायत घर भईल ५३ बरीस के रामेश्वर कहेवाला हरि नारायण शर्मा पकडाईल बाडन ।

उ बारा के कोल्हवी नगरपालिका–११ रमपूर्वा मे घर के सदस्य केहु ना रहल समय मे लइकी के बलात्कार कईल पुलीस के कहनाम बा । शर्मा के एतवार के दिने सँझिया नियन्त्रण मे लेहल बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

“गाँव मे रहल जानकी मन्दिर मे रहत आईल बाबा गाँव ओरी घुम के खात आईल बाडन । एतवार के सँझिया पुरी खाएके मन लागल बा कहत लइकी के घर पुगल रहलन” कहत उ “लइकी के बाबु पुरी पकावे खातिर घ्यू लियावे निकलल रहलन ।

घर के आउर सदस्य बाहर रहलन । लइकी घर मे अकेले रहल समय मे बाबा घर के कोठरी मे बलात्कार कईले बाडन । स्थानीय के जानकारी मिलला के बाद पुलीस के खबर कईला के बाद नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।”
लइकी के जिल्ला अस्पताल कलैया मे ईलाज हो रहल बा । लइकी के अवस्था सामान्य बा । खुद के “झण्डा बाबा” कहेवाला शर्मा खुद आशाराम के चेला हई कहके कोल्हवी क्षेत्र मे झारफुक भी करत आईल रहलन ।

झातन्त्रमन्त्र जानल, ओकरा से अनेकन बेमारी ठीक करेके दावी करत आईल बाबा के स्थानीय बिच बढिया सम्बन्ध बनल रहे ।

पकडाईल शर्मा विरुद्ध मुलुकी अपराध सहिंता २०७४ के करणीसम्बन्धी कसूर मे बारा जिल्ला अदालत से ५ दिन के म्याद थप करके अनुसन्धान शुरु कईल पुलीस जनवले बा । मुलुकी अपराधसहिंता २०७४ मे १४ बरीस से कम के लइकी के करणी कईल प्रमाणित भईला पर १२ से १४ बरीस तक कैद होखेके प्रावधान रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।