रेडक्रस मे होखेवाला ‘राजनीति’ अन्त्य होखेके पडल :- मन्त्री बाँस्कोटा

काभ्रेपलाञ्चोक, २० माघ,
सञ्चार तथा सूचना प्रविधि गोकुलप्रसाद बाँस्कोटा रेडक्रस मे ‘मति आ गति’ भावना मुताविक ना मिलला के बाद विवाद उत्पन्न भईल बतवले बानी । ने
रेडक्रस सोसाइटी काभ्रेपलाञ्चोकद्वारा ‘ग्रामीण आपत्कालीन तथा ट्रमा प्रणाली सदृढीकरण परियोजना’ अन्तर्गत आयोजना कईल एम्बुलेन्स हस्तान्तरण कार्जक्रम के आजु बनेपा मे सम्बोधन करत उ कहनी कि, “रेडक्रस जइसन मानवीय पवित्र संस्था मे काहे अइसन विवाद उठेला्, रेडक्रस के विश्वव्यापी मान्यता जउन बा उहे मुताविक चलो, कउनो समस्या÷विवाद ना आई ।”
कमाउधन्दा तथा व्यापारिक संस्था मे विवाद उठल स्वाभाविक मानल गईला पर भी विशुद्ध मानवीय भावना राखल संस्था मे विवाद आईल सुखद ना भईल उ बतवनी ।
मन्त्री बाँस्कोटा रेडक्रस के आँगन भितर ‘राजनीति’ अन्त्य होखेके बात मे जोड देत, “व्यक्तिका आपन आपन विचार होखी माकिर रेडक्रस के आँगन भितर राजनीति अन्त्य करीं, कभो भी विवाद ना आई ।”
रेडक्रस के पिछिलका नेतृत्व ‘राजनीति’ कइले ना होखी कहके खुद विश्वस्त रहल उनकर बिचार रहे ।
मन्त्री बाँस्कोटा ‘सहजोगी राष्ट्र के जनता से कमाईल कुछ बँचा के नेपाली से कईल सहजोग के विषय मे विवाद उत्पन्न भईला पर कइसन अर्थ राखी कहके सवाल करत कहनी कि, “डोनर एजेन्सी (क्यानेडियन) भी त कमाईल पईसा से बँचा के हमनी के सहजोग कईले बा, अइसन विषय मे ‘भागशान्ति जय नेपाल’ ना ‘मिली शान्ति’ एकदम बढिया बा ।”
रेडक्रसकर्मी के व्यक्तिगत विचार लादेवाला जगहा रेडक्रस ना भईल उ बतवनी ।
मन्त्री बाँस्कोटा रेडक्रस के ‘टोल फ्री’ नम्बर उपलब्ध करावे मे खुद पूर्णरूप मे सहजोग करेके आश्वासन देहनी ।
“नागरिक के सेवा देवेके, नागरिक के दिगाग मे बईठल एगो सजिलो नम्बर के खातिर हम सहजोग करेम, एमे सञ्चार के मात्र भईला से ना पुगी गृह के भी सहमति चाहिं, सभासमारोह मे भाषण करके ना होखी, अपनेलोग तत्काल आई”, कहके बतवनी ।
उ अवसर मे शहरी विकासमन्त्री बाँस्कोटा क्यानेडिएन रेडक्रस मार्फत काभ्रेपलाञ्चोक के पोखरीचाँैरी आ बेथानचोक गाँवपालिका के देहल गईल एम्बुलेन्स के चाभी सम्बन्धित गाँवपालिका अध्यक्षद्वय के हस्तान्तरण कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे वाग्मती प्रदेशसभा सदस्य रत्न ढकाल, नेकपा जिल्लाध्यक्ष रुकू चौलागाईँ, पोखरीचौंरी के अध्यक्ष दीननाथ गौतम, बेथानचोक के अध्यक्ष प्रेमबहादुर तिमल्सिना, नेपाली कांग्रेस जिल्ला उपाध्यक्ष अच्युत पौडेल, नेरेसो केन्द्रीय कोषाध्यक्ष देवेन्द्र प्रधान लगायत से हस्तान्तरित एम्बुलेन्स के जनता मे बढिया सेवा पुगावे खातिर निहोरा कइनी ।
नेरेसो जिल्ला सभापति रघुवर चौप्रधान सरकार के प्रति एम्बुलेन्स रु ३० लाख करछुट मे एम्बुलेन्स मे ‘ख’ वर्ग के स्वास्थ्य सामान थप के दु गाँवपालिका के हस्तान्तरण कईल जानकारी देहनी ।





