पटेर्वासुगौली मे त्रिपालिका बहुमुखी क्याम्पस के शिलान्यास

वीरगंज २१ माघ,

पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नं २ बेलवा के करबोला टाडी मे प्रस्तावित त्रिपालिका बहुमुखी क्याम्पस बनावे खातिर आजु एगो समारोह के बिच शिलान्यास कईल गईल बा ।

शिलान्यास करत गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी बहुमुखी क्याम्पस स्थापन भईला पर ई क्षेत्र के लइकालइकीसब के पढाई लिखाई मे सहजोग पुगेके बतवनी ।

ग्रामिण क्षेत्र के लइकालइकी के उच्च शिक्षा पढे खातिर  लगायत के जगहा मे जाए के बाध्यतात्म अवस्था अन्त्य होखेके बतावत ग्रामिण क्षेत्र के लइकीलोग के दुर पढे जाएके चलते पढाई से बञ्चित होत आईल बतवनी । क्याम्पस स्थापना भईला के बाद खास करके लइकीलोग के सहजोग पुगेके बतवनी ।

शिलान्यास कार्जक्रम उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष भागवत प्रसाद थारु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे गाँवपालिका के उपाध्यक्ष ममता महतो, प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत भुजेन्द्र यादव, वार्ड अध्यक्ष, जनप्रतिनिधि, बुद्धिजीवी, समाजसेबी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

प्रस्तावित त्रिपालिका बहुमुखी क्याम्पस मे पटेर्वासुगौली, सखुवाप्रसौनी, जिराभवानी गावँपालिका के सहजोग रहेके बतवनी । बाउन्ड्रि बाल बनावे खातिर बीस लाख लागत लागेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।