पोखरिया नगरपालिका मे बेटी शिक्षा बिमा शिविर२ सय ३५ जने के बिमा भईल :- मेयर रौनियार

पोखरिया २२ माघ,

प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री द्वारा संचालन कईल बेटी पढाव, बेटी बचाव अभियान अन्तर्गत के बेटी शिक्षा विमा के पइसा ३ लाख पुगावल आ नगरपालिका के ओरी से १ लाख करके ४ लाख भईल बा ।

२०७५ माघ १ के बाद जनमल बेटीलोग के तीन लाख के बेटी शिक्षा विमा करेके घोषणा कईला के बाद आजु एगो कार्जक्रम के बिच पोखरिया नगरपालिका के मेयर दिपनारायण रौनियार नगरपालिका मे जनमेवाला बेटी ४ लखिया होके जनमेके बतवनी । स्थानियतह के निर्वाचन के बाद बेटी शिक्षा बिमा नेपाल के पहिलका नगरपालिका पोखरिया बोर्ड से पारित करके लागु कईल आ ओकरा बाद प्रदेश सरकार से बेटी पढाव बेटी बचाव अभियान अन्तर्गत बेटी शिक्षा बिमा लेके आईला मे मुख्यमन्त्री के सराहना कइनी ।

बेटी शिक्षा बिमा शिबिर आजु पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के जिल्ला उच्चागल रामदेव कलवार उच्च माध्यमिक बिद्यालय के प्रयागन मे आयोजना कईल शिविर के उदघाटन प्रदेश सभा सदस्य पहलाद गिरी कईले रहनी । कार्जक्रम के सम्बोधन करत गिरी प्रदेश मे जनमेवाली बेटीलोग के बोझ के रुप मे ना लेवे खातिर निहोरा करत अब प्रदेश मे जनमला के बाद तीन लखिया बेटी जनमेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य मंजुर आलम मुख्यमन्त्री के अभियान से प्रदेश के जनतालोग मे बहुते राहत महसुस भईल बा । प्रदेश सरकार बेटीलोग के खातिर शिक्षा बिमा लागू कईला के बाद बाबु माई के बहुते सहजोग पुगल प्रदेश सांसद आलम बतवनी ।

करिब १६ हजार विमा प्रदेश सरकार कर चुकल बा । विमा करईला के बाद बेटीलोग के ई सुविधा मिली । पोखरिया नगरपालिका के मेयर रौनियार कार्जक्रम के अध्यक्षता मे करत अभी तक नगरपालिका से ३ सय २२ गो बेटीलोग शिक्षा बिमा एक लाख के भईल बतवनी । आजु २ सय ३५ जने के बिमा भईल बतवनी ।
कार्जक्रम मे उपमेयर सलमा खातुन बेटी भईला के बाद बाबुमाईलोग बेटा बेटी मे भेदभाव करेलन, बेटा के बढिया स्कूल आ बेटी के कमजोर स्कूल मे पठावेलन कहत ओकरा खातिर प्रदेश सरकार आ नगरपालिका ४ लाख के बेटी शिक्षा बिमा लेके अईला से अब अइसन बिभेद अन्त्य होखेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे नगरपालिका के प्रमुख प्रसाशकिय सहदेव रायमाझी, बेटी शिक्षा बिमा अभियान के पर्सा संयोजक आमोद यादव, वार्ड अध्यक्ष बंका राउत, सुरेन्द्र यादव, अजय कुमार गुप्ता, लक्ष्मण साह कानु, उमाकान्त साह, नन्दलाल पटेल, सियान्नद चौहान, किशोरी साह, रामबाबु चौहान, सोनालाल साह गोढ, डाक्टर अनिल यादव, योजना प्रमुख संजय पाण्डे, बिजय झा, बिनोद पाण्डे, बेटी शिक्षा बिमा अभियान के सुरेन्द्र साह, अरबिन्द यादव, प्रभु बैंक के कर्मचारी नुसरत जहा, तारा महतो लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।