भोजपुरी सांस्कृतिक तथा साहित्यिक महोत्सव मर्चवार २०७६ भव्यता के साथ पुरा

वीरगंज २३ माघ,
“मर्चवारी गांवपालिका क शान । आपन भाषा आपन पहिचान ।।” कहके मुल नारा के साथ दु दिने भोजपुरी सांस्कृतिक तथा साहित्यिक महोत्सव मर्चवार कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
प्रदेश नं. ५ के रुपन्देही के मर्चवारी गाँवपालिका के प्रायोजन आ भिन्सहरा सामाजिक संस्था कोटहीमाई ६ रुपन्देही के आयोजन में भईल भोजपुरी सांस्कृतिक तथा साहित्यक महोत्सव मे नेपाल भारत से आईल साहित्यकार, कवी, पत्रकारलोग आपन आपन सृजना वाचन कईले रहनी ।
बिचउवापुर सरकारी स्कुल, मर्चवार मे भईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मधेसी आयोग नेपाल के अध्यक्ष डा. बिजय कुमार दत्त भोजपुरी भाषा, कला, धर्म, संस्कृति, साहित्य के अगाडि बढावे मे आपन पुरा सहजोग रहेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी । महोत्सव से स्थानिय भाषा , संस्कृति मे बडका सहजोग पुगला मे सराहना करत मात्रृभाषा मैत्री कानून बनावे के भी बात मे जोड देहले रहनी ।

पहिलका दिन के कार्जक्रम आयोजक संस्था के अध्यक्ष परमशिला बनिया के सभापतित्व मे भईल रहे । एहितरे दुसरका दिन के अध्यक्षता मर्चवारी गांवपालिका अध्यक्ष केशवनन्द बनिया के रहल रहे । कार्जक्रम मे ठकरी मा.वि के बिद्यार्थी द्वारा धोती जुलुस, सिलवटीया बागेश्वरी मा.वि के बिद्यार्थी द्वारा नृत्य प्रस्तुति, गणेश रामलिला मण्डल से विष्णु झाँकी प्रदर्शन, रायपुर महिला समुह ढकना गगरी जुलुस प्रदर्शन, इगरसनी नाच मर्चवार के प्रस्तुती, बतकही, कविता पाठ, स्थानीय गायक आदि प्रस्तुती लगायत के रहल कार्यक्रम के संयोजक शिवन्नदन जयसवाल बतवनी ।
कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि गाँवपालिका उपाध्यक्ष सुनिता कलवार, एहितरे गोपाल ठाकुर, गोपाल अक्श, आन्नद गुप्ता, भोजपुरी टाइम्स दैनिक पत्रिका के कार्यकारी सम्पादक श्रवण प्रसाद साह, श्याम सर्राफ, भारत उत्तर प्रदेश देवरिया के डा.जर्नादन सिहं, बिहार सिवान से ऐनुल बरौलवी, छपरा से सत्येंद्र सिताबदिवरबी, बारा जिल्ला से रामप्रसाद साह, प्रियंका साह, धनिलाल साह, सुरेन्द्र गिरी, मर्चवारी गाँवपालिका वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष सुरेन्द्रनाथ मिश्रा, ५ नं के वार्ड सुनिल कलवार लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे अनेकन व्यक्तिलोग के सम्मान भी कईल गईल रहे ।







