निःशुल्क आँख चेकजाँच शिविर पुरा

बारा २५ माघ,

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड ७ दुर्गा नमुना मावि बरेवा मे निःशुल्क आखा शिविर पुरा भईल बा ।
प्रदेश २ के प्रदेश सदस्य बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्वर ३ के ख के विधायक पारस प्रसाद साह के निर्वाचन क्षेत्र विकास कोष से शिविर सञ्चालन भईल बा ।

कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ५, ६, ७, ८ आ ११ के आख के विमारी भईल लोग के आख चेक जाँच कईल गईल समाजवादी युवा संघ के प्रदेश सदस्य सुजित पाण्डे जनकारी करावले बानी । आँख चेक करावेला तीन सय ५० जने करावलन जवना मे एक सय ३८ जनेमे मोतिया बिन्दुु मिलल बा ।

मोतिया बिन्दु भईल लोग के नेपाल नेत्र ज्योति संघ रामकुमार महाविर प्रसाद केडिया आँखा अस्पताल मे आपरेशन कईल जाई पाण्डे जनकारी करावले बानी ।

कार्जक्रम मे आख चेक जाँच करेवाला केडिया अस्पतााल के डाक्टर शिवशकर प्रसाद गुप्ता, डा. रामदेव साह, डा. सचिन कुमार गुप्ता, डा. लालबाबु पटेल, डा. अम्विकालाल साह, आ डा. राजु अधिकारी के टोली कईले रहलन ।

केडिया आखा अस्पताल परवानीपुर के आयोजना आ कलैया उपमहानगरपालीका के सहयोग के भईल निःशुल्क आँख शिविर मे प्रदेश सदस्य पारस प्रसाद साह के प्रमुख अतिथिय मे भईल जवना मे वार्ड अध्यक्ष गम्भिरा साह, सर्फुल्लाह अंसारी, विक्रम यादव आ सर्वनारायण चौधरी के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।