फाइनल किक्रेट खेल मे युसिसि वीरगंज विजयी

बारा २५ माघ,
बारा के प्रसौनी गाँवपालीका मे जारी प्रसौनी टि २० नक आउट किक्रेट के फाईनल खेल मे युनाईटेड क्रिकेट क्लब विरगज विजयी भईल बा ।
प्रसौनी गाँवपालिका के अयोजना मे भईल खेल मे शनिचर के कलैया क्रिकेट क्लब के हरावत युनाईटेड क्रिकेट क्लव विरंगज विजयी भईल बा । प्रसौनी क्रिकेट क्लब के आयोजना मे भईल टि २० नक आउट कप मे ८ गो टिम भाग लेले रहल ।
दुधौरा नदि के किनार मे भइल फाईनल खेल मे टस जित के पहिले वैटिङ्ग कईले कलैया किक्रेट क्लब २० ओभर मे ९ विकेट गवा के १ सय ४९ रन बनावे मे सफल भइल रहल । १ सय ५० रन के विशाल लक्ष्य लेके मैदान मे उत्रल युनाईटेड किक्रेट क्लब विरगज रोमाञ्चक खेल खेलत १९.५ बल मे ९ विकेट गुवा के विजयी लक्ष्य हासिल कईलक ।
युनाईटेड किक्रेट क्लब विरगज के कप्तान कप्तान मुर्तजा हवारी ४ आ सुरज पटेल २ विकेट लेहले रहलन । फाईनल खेल मे सब से अधिका ५४ रन बनावेवाला युनाईटेड किक्रेट क्लब विरगज के रासिद खान म्यान अफ द म्याच भईल रहलन ।
पुरस्कार वितरण करत प्रमुख अतिथि प्रदेश २ के भौतिक पूर्वधार तथा योजना मन्त्री जितेन्द्र सोनल खेलाडि देश के गहना रहल बताबनी ।
अईसन अमुल्य धरोहर के विकास करे मे देश आपने विकास होई बताबनी । खेलाडी स्वच्छ होके खेल खेल्ला पर अगाडि बढीऐ बतावले बानी । खेलाडि के विकास के खातिर आपने सदैव तयार रहल कहनी ।
प्रसौनी गाँवपालिका वडा नम्वर ४ के वडाध्यक्ष सुरेश गुप्ता समयोजक रहल फाईनल खेल मे बोलत आपने भि खेलाडि पृष्ठभुमी मेसे रहल बानी कहनी । खेल मे हार जित चलेवाला प्रक्रिया हवे खेल हारते मे हरेश नाखाए के बताबनी ।
मन्त्री जितेन्द्र सोनल, प्रतिनिधि सभा सदस्य एकबाल मिया, प्रसौनी गापा अध्यक्ष भोला गुप्ता, उपाध्यक्ष गिता साह, वर्डा अध्यक्ष सुरेश गुप्ता, बैजु गुप्ता, आन्नद गुप्ता, सनै गुप्ता लगायत के सहभागिता रहल ।






