हिन्दू परिषद नेपाल के केन्द्रिय बईठक से अनेकन निर्णय

वीरगंज २५ माघ,

हिन्दू परिषद नेपाल केन्द्रिय कमिटि के बिस्तारिक बईठक से अनेकन ११ बुन्दे निर्णय कईले बा ।
काठमाण्डु के हनुमानस्थान अनामनगर स्थित मधेस मीडिया हाउस के सभा हल मे परिषद के केन्द्रिय अध्यक्ष संतोष पटेल के सभापतित्व मे भईल बईठक से हिन्दू राष्ट्र के खातिर राष्ट्रिय गठबन्धन बनावेके, जनजागरण सभा के निरन्तरता देवेके, संगठन बिस्तार काम मे अगाडि बढेके, हिन्दूवादी अगुवालोग के उचित सम्मान के साथ परिषद मे आबद्ध करावेके, मठ–मन्दिर सरसफाई करेके, एकादर्शी के दिन नेपाल भर माछरी, मासु बन्द कईल जाँव अभियान चलावेके, धर्म परिवर्तन बिरुद्ध के महाअभियान संचालन करेके, गौ माता संरक्षण एवं सम्बद्र्धन अभियान संचालन करेके, धार्मिक आ सामाजिक काम के निरन्तरता देवेके, सनातन हिन्दू धर्म के संरक्षण आ सम्बर्धन महाअभियान के तेजी देवेके लगायत के निर्णयसब भईल जनावल गईल बा ।

नवनियुक्त केन्द्रिय सदस्य चयन होखेवाला मे अमरेन्द्र साह, शान्त बहादुर शाक्य, मनोज राउत, नबीन कुमार सिंह, मनोज मण्डल, साहेब ठाकुर, खगेन्द्र राज जोसी, बिष्णु ज्ञवाली, लोकनाथ भण्डारी, लोकनाथ पाण्डे, रीता झा, राजकुमार रौनियार, संतोष बस्नेत, राममान महर्जन, संजय अग्रवाल के चयन कईले बा । ब

मे हिन्दू परिषद नेपाल के केन्द्रिय उपाध्यक्षहरु बिजय गुप्ता, सुनीता रौनियार, महासचिव अनिरुद्ध सिंह, कोषाध्यक्ष संजय सरार्फ, केन्द्रिय सदस्यलोग श्रीराम उपाध्याय, लालबाबु प्रसाद कुर्मी, सुरेश साह कानू, भरत सरार्फ, उमेश साह कानू लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।