पर्सा मे ८५ हजार लइकालइकी के दादुरा रुबेला के खोप लगावे के लक्ष्य

वीरगंज २७ माघ,

पर्सा जिल्ला मे ८५ हजार ९ सय ५१ जने लइकालइकी के दादुरा रुबेला के खोप लगावे के जनावल गईल बा । दादुरा रुबेला खोप अभियान के समय मे ९ महिना से ५ बरीस से कम के ८५ हजार ९ सय ५१ जने लइकालइकी के खोप लगावे के लक्ष्य राखल गईल बा ।

जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा मे आजु आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन म तीन चरण मे सञ्चालन करेवाला खोप अभियान के खातिर ८ सय ६३ गो खोप केन्द्र आ मोबाइल टोली आ १ हजार ७ सय ४६ जने स्वयंसेवक भी परिचालन करेके जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा जनवले बा । पत्रकार सम्मेलन मे फागुन महिना मे सञ्चालन करेवाला खोप अभियान के बारे मे जानकारी करवले बाडन ।

दादुरा रुबेला के खोप सँगे तराई के १९ जिल्ला मे जनमला से ५ बरीस से कम के लइकालइकी के पोलियो थोपा खियावे के कार्जक्रम भी राखल गईल बा । सन् २०१६ मे दादुरा रुबेला खोप अभियान सञ्चालन कईला के बाद पर्सा मे २०१७ मे दादुरा रुबेला के मरेजी मिलल ना रहलन । ओकरा बाद सन २०१८ मे ६ जने आ सन २०१९ मे ३ जने दादुरा रुबेला के मरेजी मिलल रहलन ।

दक्षिण एशिया मे सन २०२३ तक मे दादुरा रुबेला रोग निवारण करेके लक्ष्य बा । नेपाल सन २०१९ मे दादुरा रुबेला शुन्य मे पुगावे के लक्ष्य लेहला पर भी पुरा होखे ना सकला के बाद दक्षिण एशिया के लक्ष्य मुताविक अगाडि बढेके तइयारी कईले बा ।

दक्षिण एशिया के श्रीलंका, भुटान, माल्दिभ्स, दक्षिण कोरिया, रिमोर लिष्ट दादुरा रुबेला नियन्त्रण कईले बाडन । खोप सुपरभाइजर अनिल सिंह नेपाल मे ३ सय ६६ गो केश मिलला मे प्रदेश नं २ मे ४१ प्रतिशत अर्थात १ सय ५० गो रहल जानकारी देहनी ।

उ सभी पक्ष के सहजोग मिलला पर मात्र अभियान सफल होखेके साथे पर्सा जिल्ला के पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा करे सकेके उनकर कहनाम बा । जनस्वास्थ्य कार्यालय प्रमुख कामेश्वर चौरसिया खोप अभियान सँगे नियमित खोप के भी प्रभावकारी बनावे के बात मे जोड देहनी ।

लइकालइकी के सरकार १५ महिना भितर निःशुल्क दादुरा रुबेला लगायत ११ गो बेमारी विरुद्ध खोप लगे के स्वास्थ्य संस्था मे नियमित लगावे सकेवाला व्यवस्था कईल गईल बतवनी ।उल्थाःअनलाईन

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।