प्रेस युनियन बारा के अधिवेशन खातिर चहलपहल

बारा २८ माघ,
नेपाल प्रेस युनियन बारा के अधिवेशन छव महिना लगा के पूरा होखेके पक्का पक्की तईयारी मे पुगल बा ।
छठवा अधिवेशन के उदघाटन सत्र छव महिना पहिले सम्पन्न भईल रहे माकिर सदस्यता के विषय लेके बन्द सत्र ना होखे सकल रहे । बुध के दिन पत्रकार महासंघ शाखा कार्यालय बारा के सभा हल मे युनियन के बन्द सत्र होखे के खातिर तईयारी पूरा भईल अध्यक्ष गणेश रिजाल जानकारी देहले बानी ।
बहुत दिन से अन्यौल मे रहल युनियन के कार्य समिति के नयाँ कार्य समिति मिलेमे कवनो संकोच ना रहल रिजाल जानकारी करावले बानी । मंगर के सझिया से चुनाव के सफलता आपना आपन ओर पारेला नेतृत्व लेवेवाला लोग कसरत जोडतोड के साथ सुरू कईले बाडन । अभितक बाहर आईल अध्यक्ष के उमेदवार चार जने रहल बाडन ।
जउना मे श्यामबाबु यादव, सिकेन्द्र पासवान, उपेन्द्र यादव आ बसंत खतिवाडा रहल बाडन । ई बाहर आईल नाम के छोड के आपना सिकायत ना होखो माकिर अध्यक्ष बनजाई दाव मे राजनैतिक महवाल बना रहल बाडन ।






