बिन्दवासिनी मे बेटी शिक्षा विमा साप्ताहिक शिविर के उदघाटन

वीरगंज २८ माघ,

पर्सा जिल्ला के बिन्दवासिनी गाँवपालिका मे बेटी शिक्षा विमा साप्ताहिक शिविर शुरु भईल बा ।
मुख्यमन्त्री के बेटी पढाव, बेटी बचाव अभियान अन्तर्गत आयोजना कईल बेटी शिक्षा विमा के उदघाटन करत प्रदेशसभा सदस्य प्रहलाद गिरी बेटीलोग लक्ष्मी के रुप होखेली कहके कहनाम अभी प्रदेश सरकार के पहल मे सार्थकता हो रहल बतवनी । साथे सातु प्रदेश मेसे बेटीलोग के खातिर २ नम्बर प्रदेश मात्र बिशेष योजनासब लियावल आ आवेवाला दिन मे आउर बेसी योजनासब लियावे के पहल हो रहल गिरि बतवनी ।

कार्जक्रम मे गाँवपालिका अध्यक्ष कानु अब से गाँवपालिका से हरेक किसिम के सेवा सुविधा समय मे उपलब्ध करावे के बतावत रुकल योजनासब के तेजी के साथ अगाडि बढेके बतवनी । बेटीलोग के खातिर बिशेष योजना गाँवपालिका से भी सञ्चालन करेके उनकर कहनाम रहे ।

गाँवपालिका के उपाध्यक्ष किरण देवी गुप्ता प्रदेश सरकार आ स्थानिय सरकार के समन्वय मे जनानी मुखी कार्जक्रम के साथे अनेकन क्षमता अभिबृद्धि तथा सिपमुलक तालिमसब बितल समय मे भी सञ्चालन कईल आ आवेवाला दिन मे भी एकरा के निरन्तरता देवेके बतवनी ।

शिविर मे आजु २६० जने लइकीलोग के विमा कईल जनावल गईल बा । गाँवपालिका अध्यक्ष कानु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेशसभा सदस्य मन्जुर अंसारी, जिल्ला समन्वय समिती के नेक महमद अंसारी, समाजवादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव, सचिव तबरेज अहमद, बेटी शिक्षा विमा संयोजक आमोद यादव, स्वच्छता अभियान के प्रदेश संयोजक सलाउदिन अहमद, वार्डध्यक्ष सगिर मिया, संजय चौहान, सलमा खातुन, अनोज चौरसिया, सुकदेव राउत अहिर, निमित्त प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मुन्ना साह रौनियार, लेखाअधिकृत मिथलेस कुशवाहा, रमेश साह तेली लगायत के सहभागिता रहल प्रेस संयोजक संजीव मिश्रा बतवनी । कार्जक्रम के संचालन मुकलेश राउत गदी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।