ब्रह्मा कुमारी राजयोग सेवा केन्द्रद्धारा सर्व धर्म सदभाव स्नेह मिलन कार्जक्रम पुरा

वीरगंज २८ माघ,

ब्रह्मा कुमारी राजयोग सेवा केन्द्र वीरगंज महाशिवरात्रि पर्व के अवसर मे सर्व धर्म सदभाव स्नेह मिलन कार्जक्रम आजु वीरगंज मे पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि निलम्बित सांसद हरिनारायण रौनियार यत्रतत्र धर्म आ सम्प्रदाय के नाम मे दंगाफसाद आ हिंसा के माहौल चल रहल वर्तमान परिप्रेक्ष मे धर्म, सम्प्रदाय आ विश्व के हि एकता, भ्रातृत्व आ सहिष्णुता के पाठ पढावेवाला एक मात्र संस्था ब्रह्माकुमारी रहल बतवनी ।

कार्जक्रम के अध्यक्षता करत ब्रह्माकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र नेपाल के निर्देशक परमादरणीय राजयोगिनी राजदादी संसार मे अनेकन जात, वर्ग, धर्म आ रंग मे आबद्ध मानव आत्मा भईला पर भी सभी एके ईश्वर पिता के सन्तान एगो परिवार के सदस्यलोग भईल बतावत शान्ति, अहिंसा, प्रेम आ एकता मे हि संसार के भविश्य उज्जवल रहल आ स्रिघ हि सुख, शान्ति आ आनन्दमय स्वर्णिम संसार के आगमन होत गईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे संस्था के वरिष्ठ राजयोग प्रशिक्षक ब्रह्माकुमार रामसिंह एैर भाषा, सभ्यप्ता, संस्कार, परिवेश मुताविक हरेक धर्म आ सम्प्रदाय से अलग अलग रुपमे ईश्वर उपर आस्था जनवला पर भी वास्तव मे धर्म के मूल सार सभी आत्मासब के पिता एगो निराकार ज्योति स्वरुप परमात्मा शिव भईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्यलोग रमेश प्रसाद पटेल, भिमा यादव, प्रह्लाद गिरी, राजेश्वर प्रसाद साह, अब्दुल रहिम अंसारी, नेकपा के पर्सा अध्यक्ष प्रभु हजरा, राजपा के नेता निजामुद्नि समानी, गैसुदिन ठकुराई, पशुपति विक्रम शाह, मधु राणा, उषा शाह, इस्लामी संघ नेपाल बारा के अध्यक्ष ज्रिक्युल्लाह अन्सारी, शिख धर्म के प्रतिनिधि एवं प्रकृति सेवा प्रतिष्ठान के अध्यक्ष जसपाल सिंह, ब्रह्माकुमार गुणराज भाई लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य ब्रह्माकुमारी बेली बहिनी आ धन्यबाद ज्ञापन ब्रह्माकुमारी मीना कईले रहनी । कार्जक्रम मे ब्रह्माकुमारी रविणा दिदी राजयोग के अनुभूति करवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।