कोरोना प्रभावित क्षेत्र से नेपाली के उद्धार करेके माग

काठमाण्डु २८ माघ,

प्रतिनिधिसभा के सांसदलोग चीन मे कोरोना भाइरस प्रभावित क्षेत्र मे रहल नेपाली के तत्काल उद्धार करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बानी ।

प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे समय माग करत उलोग कोरोना भाइरस प्रभावित क्षेत्र मे रहल नेपाली के स्वदेश लिया के राखेके ‘क्वारेन्टाइन स्थल’ विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन के मापदण्ड मुताविक तत्काल व्यवस्था करके उद्धार करे खातिर सुझाव देहनी ।

सांसद सरिता गिरी चीन के कोरोना भाइरस प्रभावित क्षेत्र मे नेपाली फँसल उल्लेख करत तत्काल उलोग के उद्धार करके नेपाल लियावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी । ई विषय से संसद् मे जरुरत मुताविक प्राथमिकता मिले ना सकल भी बतवनी । सांसद प्रेम सुवाल कोरोना भाइरस प्रभावित क्षेत्र से स्वदेश लियावेवाला नेपाली के राखेके ‘क्वारेन्टाइन स्थल’ के रूप मे भक्तपुर के खरिपाटीस्थित नेपाल विद्युत् प्राधिकरण के तालीम केन्द्र के तोकल गईला मे जनता के विरोध रहल बतवनी । उ ओइसन स्थल घना बस्ती से दुर राखे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

सांसद आशाकुमारी विक बझाङ के साइपाल गाँवपालिका मे हिमपात के चलते यातायात अवरुद्ध भईला पर भुखमरी के समस्या देखल गईल कहत तत्काल हेलिकोप्टर से खाद्यान्न ढुवानी करके समस्या समाधान करेके माग कइनी । सां

एकवाल मिँया भारत से नेपाल मे सामान आयात कईला पर पुलीस से अवरोध हो रहल सिकाईत करत सहज व्यवस्था करेके माग कइनी । एहितरे प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक से तत्कालीन नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (माओवादी) के ओरी से संविधानसभा सदस्य रहल सिद्धार्थकुमार सोमानी के निधन उपर समवेदना प्रकट करत शोक प्रस्ताव पारित कईले बा ।

सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा प्रस्तुत कईल उ शोक प्रस्ताव बईठक से पारित कईले बा । स्व नेता सोमानी के ५२ बरीस के उमिर मे इहे माघ २५ गते शनिचर के दिने झापास्थित निवास मे मृत्यु भईल रहे । नेता सोमानी २०६४ साल मे तत्कालीन माओवादी के ओरी से समानुपातिक सदस्य निर्वाचित भईल रहनी । स्व नेता सोमानी गणतन्त्र स्थापना के खातिर सक्रिय भूमिका निर्वाह कईले रहनी । प्रतिनिधिसभा के दोसर बईठक इहे माघ २९ गते बुध के दिने १ बजे बइठी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।