जनानी लोग मे बदलाव आईल बा :- उपमेयर कानू

बारा २९ माघ,

बारा के महागढीमाई नगरपालीका २ मे सुन्दर शान्त नेपाल परियोजना समाप्त के कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
कार्जक्रम मे महागढीमाई नपा के उपमेयर तारा देवी साह कानु परियोजना से जनानी लोग मे बदलाव आईल बतावले बानी । संस्था से सञ्चालन कईल गईल कार्जक्रम मे भाग लेहला से स्वास्थ्य आ आपन बोली चाली मे जनानी लोग मे बदलाव भईल जानकारी उपमेयर कानु देहनी ।

जहाँ शिक्षा रहि उहाँ विकास होई परियोजना से भईल बदलाव से देखल गईल प्रमुख अतिथि उपमेयर कानु जनकारी करावले बानी ।
अश्लिल गित वियाह आ कवनो पार्टी मे जनानी लोग से कईल गईल फरमास के कर के गाना पर नाचेला लोग माकि पुरूष लोग के ओईसन ना रहेला जनकारी देहनी ।

घर आगन मात्रे सफा भईला से ना होई दिल के भित्र सफाई भईला पर मात्रे सफाई होई उपमेयर साह जनकारी करावले बानी । महागढीमाई नपा वार्ड नम्वर २ के अध्यक्ष विरेन्द्र चौरसिया अश्लील गित बन्द करेला नगरपालीका से निर्णय भईल माकीर कारवाही करे के परल आ जनता मे अगाडि बढावेला ज्ञान देवे पहुचे के परी कहनी ।

कार्जक्रम जन जागरण युवा क्लव कलैया के आयोजना मे भईल ओमे परियोजना से कईल गईल काम सब के जनकारी कार्जक्रम संयोजक श्रीनिवास बैठा करवले रहनी ।

आयोजक संस्था के उपाध्यक्ष राजदेव साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नियमित प्रशासकीय अधिकृत विजय कुशवाहा, समाज सेवी मोतिलाल कुशवाहा आ बसुन्धरा गैरे लगायत के लोग कार्जक्रम के सम्बन्ध मे चर्चा कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।