राष्ट्रिय दादुरा रुबेला प्रदेश स्तरीय खोप अभियान शुरु

खस्यौली, १ फागुन,
राष्ट्रिय दादुरा रुबेला प्रदेशस्तरीय खोप अभियान आजु से रुपन्देही के सैनामैना नगरपालिका–४ स्थित मुर्गिया से शुरु भईल बा । प्रदेश नं ५ के मुख्यमन्त्री शङ्कर पोखरेल एक नाबालक के पोलियो थोपा खिया के अभियान के शुभारम्भ कइनी ।
रुपन्देही मे तीन चरण मे एक लाख ९ हजार ७९९ लइकालईकी के दादुरा रुबेला आ एक लाख ३० हजार के पोलियो थोपा खियावे के कार्जक्रम रहल बा । फागुन १ से ९ गते तक सात पालिका, फागुन १३ से १७ एक नगरपालिका आ फागुन १६ से २४ गते तक आठ पालिका के ८१४ खोपकेन्द्र मे पोलियो थोपा तथा खोप लगावे के बतावल गईल बा । ओकरा खातिर ९२८ कर्मचारी आ एक हजार ६२८ स्वयंसेवक परिचालन भईल स्वाथ्य कार्यालय, रुपन्देही के खोप अधिकृत भेषराज शर्मा जानकारी देहनी ।
कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री पोखरेल लुम्बिनी प्रादेशिक अस्पताल, बुटवल प्रदेश के गौरव के आयोजना भईल उल्लेख करत जनता के निःशुल्क स्वास्थ्य सेवा मिलेके अधिकार मे चुनौती भईला से प्रादेशिक अस्पताल के सटर हटावल जानकारी देहनी । उ
अस्पताल के विशेषज्ञ सेवा मिलेके अस्पताल के रूप मे भी रुपान्तरण करेके खोजल बतावत अभी भी स्वास्थ्य सेवा नागरिक के पहुँच मे पुगे ना सकला मे चिन्ता व्यक्त कइनी । “स्वास्थ्य के मौलिक हक के रूप मे आत्मसात कईल गईल बा आ सरकार से आधारभूत स्वास्थ्य सेवा निःशुल्क भी कहले बा माकिर व्यवाहरिकरूप मे ओइसन नइखे देखल गईल”, मुख्यमन्त्री पोखरेल कहनी ।
राष्ट्रियसभा मे सत्तारुढ दल के सचेतक खिमलाल भट्टराई जनता के स्वास्थ्य अधिकार उपर सभी के साझा दायित्व जरुरी भईल बतवनी । सैनामैना नगरपालिका के प्रमुख चित्रबहादुर कार्की स्वास्थ्य सेवा के प्रभावकारी बनावे खातिर विशेषज्ञ चिकित्सक सहित के सेवा नगरपालिका मे शुरु भईल जानकारी देहनी ।
स्वास्थ्य कार्यालय रुपन्देही के प्रमुख डा राजेन्द्र गिरी, स्वास्थ्य अधिकृत वसन्तकुमार श्रेष्ठ लगायत पोलियो थोपा आ खोप के फायदा के विषय मे जानकारी देहले रहनी । सङ्घीय सरकार ३० लाख लइकालइकी के दादुरा रुबेला विरुद्ध के खोप प्रदान करेके आ तराई के १९ जिल्ला के लइकालइकी के पोलियो थोपा खियावे के लक्ष्य लेहल गईल बा ।






