कलैया के कादम्विया हाउस मे सिभिल बैंक के शाखा खुलल

बारा ०१ फागुन,
कलैया उपमहानगरपालिका के नगरप्रमुख राजेशराय यादव उपमहानगर कृषि प्रधान रहला से खास करके किसान के खातिर सहज होखेवाला किसिम से कार्जक्रम लिया के कृषि कर्जा सहुलियत दर मे देवे खातिर बैंक के सुझाव देहनी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भी रहल यादव बैंक नाफा के मात्र ध्यान ना देके समग्र बिकास के खातिर न्युन्तम ब्याजदर मे जलदी कर्जा देवेके बतवनी । कार्जक्रम मे बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणिन्द्र मणी पोखरेल, सिभिल बैंक के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत गोविन्द गुरुङ, बारा जिल्ला के प्रहरी उपरीक्षक कृष्ण प्रसाद पंगेनी, कलैया उमनपा वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशंकर सहनी, सिभिल बैंक के सुरज दहाल, श्री सिद्धेश्वर संस्कृत मावि के प्रधानाध्यापक छविरमण सुवेदी, समाजसेवी भरत अग्रवाल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
सिभिल बैंक के सञ्चालक समिति के सदस्य योगेश बहादुर मल्ल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सिद्धेश्वर संस्कृत मावि कलैया के ४ थान सिसिटिभी क्यामेरा हस्तान्तरण कईल गईल रहे । बैंक के सन्चालक समिती सदस्य मल्ल बिद्यालय के प्रधानाध्यापक छबिरमण सुबेदी के हस्तान्तरण कईले रहनी ।
सिभिल बैंक के कलैया शाखा के व्यवस्थापक सुनिल कुमार मेहता से स्वागत कईल कार्जक्रम के संचालन मनिता पाण्डे कईले रहनी ।






