राष्ट्र सेवा मे लागे खातिर युवालोग के कइलें प्रधानमन्त्री निहोरा

ललितपुर, २ फागुन,
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली असल, सक्षम, दक्ष आ सक्रिय व्यक्तित्व निर्माण करत राष्ट्र सेवा मे लागे खातिर सभी युवालोग से निहोरा कईले बानी । राष्ट्रिय सेवा दलद्वारा सञ्चालित १५ वाँ सिनियर डिभिजन समूह के आजु इहाँ आयोजना कईल दीक्षान्त समारोह मे उ हरेक युवा से कुशल नेतृत्व के खातिर क्षमता विकास, नैतिक आचरण आ अनुशासन के परिपालन मे रह के समाज आ राष्ट्रप्रति के कर्तव्य मे ध्यान केन्द्रित कईल जरुरी बा कहके बतवनी ।
प्रधानमन्त्री ओली कहनी कि, “तालिम से एक दोसर के भावना, संस्कृति, परम्परा आ इतिहास बुझेके अवसर मिलल बा, अनुशासित आ राष्ट्रप्रति समर्पित युवा उत्पादन राष्ट्र के जरुरत आ प्राथमिकता के कार्जक्रम बा । युवा के चौतर्फी व्यक्तित्व विकास मे सरकार हरसम्भव सहजोग करे खातिर प्रतिबद्ध बा ।”
राष्ट्र के गौरव के रूप मे रहल चन्द्र–सूर्य अङ्कित राष्ट्रिय झण्डा के अनुशासित होके शिरोपर करे सकेके युवा के राष्ट्र के हरदम जरुरी रहेके बतावत उ युवा के अध्ययन, रोजगारी आ व्यक्तित्व विकास करे खातिर सरकार से अनुकूल वातावरण बनावे के प्रयास अगाडि बढा रहल बतवनी ।
प्रधानमन्त्री ओली कहनी कि, “समृद्ध नेपाल, सुखी नेपाली के राष्ट्रिय आकाङ्क्षा हासिल करे खातिर सरकार दृढता के साथ क्रियाशील बा, युवा से ई सङ्कल्प आ साझा आकाङ्क्षा पूरा करे खातिर आपन आपन जगहा से सक्रिय आ सिर्जनशील तरिका से योगदान होखो । युवा से चाहला पर कइसनो चुनौती के सहजे सामना करके अगाडि बढ सकता ।”
देश मे उपलब्ध प्राकृतिक सम्पदा तथा दक्ष आ सबल जनशक्ति के सही सदुपयोग से मात्र राष्ट्र निर्माण हो सकता कहत उ ओकरा खातिर सरकार आपन काम के योजनाबद्ध तरिका से अगाडि बढा रहल जानकारी देहनी । प्रधानमन्त्री ओली राष्ट्रिय सेवा दल से तालिमप्राप्त युवा से घर परिवार मात्र ना, समाज आ राष्ट्र से भी सपना आ आशा रहल बतवनी ।
देश मे नैतिकवान, क्षमतावान आ देशभक्ति युवा तइयार करेके उद्देश्य से स्थापना भईल सेवा दल से अभी तक ५१ हजार ३३२ जने लइकालइकी ई तालिम पूरा कईल उ अवसर मे जानकारी देहनी । ई आर्थिक बरीस मे मात्र ७६ जिल्ला के २१३ विद्यालय के सात हजार ७०० विद्यार्थी सेवा दल के तालिम मे सहभागी भईल रहलन । पन्ध्रौँ समूह के तालिम मे सहभागी ५०९ मेसे २६१ लइकी आ २४८ लइका रहल बतावल गईल बा ।
सरकार के उच्च प्राथमिकता मे पडल ई कार्जक्रम से युवा के अनुशासित, मर्यादित, देश उपर समर्पित आ राज्य के आउर निकाय उपर सम्मान करेवाला संस्कारयुक्त असल आ योग्य नागरिक मिलेके विश्वास रखनी ।
युवा के व्यक्तित्व के विकास करेके उद्देश्य से २०२२ साल मे स्थापना भईल उ सेवा दल के ‘अनुशासन हि राष्ट्रसेवा के मूल जग ह’ कहके आदर्श वाक्य रहल बा ।
सेवा दल के निमित्त महानिर्देशक सहायकरथी कृष्णमुरारी न्यौपाने युवा शक्ति राष्ट्र विकास के संवाहक हउवन कहके उदेश्य से सञ्चालन हो रहल तालिम मे विद्यार्थी के आकर्षण बढ रहल जानकारी देहनी ।
उ अवसर मे प्रधानमन्त्री ओली आ उपप्रधानमन्त्री एवं रक्षामन्त्री ईश्वर पोखरल उत्कृष्ट नतिजा प्राप्त केवाला लइकालइकी के दज्र्यानी चिह्न प्रदान कइनी । समारोह मे अनेकन विद्यालय के प्राचार्य के प्रशंसापत्र प्रदान कईल गईल रहे । कार्जक्रम मे सेवा दल के लइकालइकी खुकुरी डिूल आ तेक्वान्दो प्रस्तुत कईले रहलन ।






