थुनुवा कक्षा भरीभराउ ना खाली रहो हमनी के चाहना बा :- एसपी पन्त

वीरगंज ०२ फागुन,

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे नयाँ आईल पुलीस उपरीक्षक (एसपी) गंगा पन्त जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे सेवाग्राही एके ना आवेके स्विकरले बानी ।
कार्यालय प्रमुख बन के जिल्ला मे आईल के बाद पहिलका बेर आजु पर्सेली पत्रकारलोग से परिचयात्मक कार्जक्रम मे उ अइसन बतवले बानी ।

“इहाँ कउनो भी सेवाग्राही अकेले सेवा लेवे ना आवेलन, केहु ना केहु के साथ मे लेके आवेलन” कहत एसपी पन्त, “काहे अइसन भईल बा बुझ के उलोग के अकेले आवेवाला बातावतरण बनाएम । उलोग के सोंचल जइसन पुलीस संगठन नइखे कहके विश्वास दिलाएम” कहके बतवनी ।

उ “प्रोएक्टीभ पुलिसिङ” मार्फत थुनुवा कक्ष हरदम खाली रहो कहके ओकरा ओरी खुद लागेके बतवनी । “गैरकानुनी गतिविधि करेवाला आदमीसब पुलीस संगठन सँगे खुशी ना होखेलन । सहजोग भी ना करेलन,” कहत उ “पुलीस अकेले कुछो करे ना सकि, स्थानीय तह आ नागरिक सँगे मिल के समाज मे शान्ति सुव्यवस्था कायम करेके बा । थुनुवा कक्षा भरीभराउ ना खाली रहो कहके हमनी के चाहना बा ।”

१ सय ७ किलोमिटर खुल्ला सीमा पर्सा के सुरक्षा व्यवस्था मे मुख्य चुनौती भईला पर भी आउर सरोकारवाला निकाय से मिल के सीमा क्षेत्र मे होखेवाला अवैध गतिविधि के रोकेके उनकर कहनाम बा । “सामाजिक आ भौगोलिक बनौट मुताविक चुनौती फरक–फरक होखेला । पुलीस चुनौती सँगे खेलेके ह । पर्सा मे खुल्ला सीमा मुख्य चुनौती ह,” एसपी पन्त कहनी कि, “सीमा क्षेत्र मे होखेवाला अवैध गतिविधि नियन्त्रण के खातिर भन्सार आ सशस्त्र पुलीस से मिल के काम करेम, नाका के युनिट के सशक्त बनाएम ।”

सञ्चारकर्मी सामु उ भ्रष्टाचार मे “शुन्य सहनशीलता” नारा मे मात्र ना व्यवहार मे उतारेके बतवनी । बितल पुस ४ गते प्रहरी प्रधान कार्यालय २४ जने एसपी के सरुवा कईला पर एसपी पन्त के चितवन मे पठावल गईल रहे । माकिर राजनीतिक वातावरण ना मिलला के बाद २१ माघ मे पर्सा मे सरुवा कईल गईल रहे । पर्सा जिल्ला मे पहिलका जनानी पुलीस प्रमुख के रुप मे पन्त आईल बानी ।

फेसबुक कमेन्ट के चलते विवाद आ चर्चा मे आईल पन्त व्यवसायिक प्रहरी अधिकृत के रुप मे परिचित बानी । उ अवसर मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, पर्सा अध्यक्ष श्याम बञ्जारा, प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य बृजलाल पासवान, पर्सा संयोजक निरज पिठाकोटे, नेपाल प्रेस युनियन के जिल्ला उपाध्यक्ष शेखर क्षतकुली लगायत के सञ्चारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।