मुस्लिम धार्मिक सभा मे सहभागी भारतीय के मृत्यु

सप्तरी ४ फागुन,

सप्तरी के बोदे बर्साइन नगरपालिका मे जारी मुश्लिम धार्मिक सभा मे सहभागी एक आदमी के मृत्यु भईल बा । अचानक बेमार भईल भारतीय नागरिक भारत के बिहार राज्य अन्तर्गत मोतिहारी जिल्ला निवासी हारुन रसिद के मृत्यु भईल सप्तरी पुलीस जनवले बा । रसिद ७४ बरीस के रहनी ।

धार्मिक सभा शुरु भईल पहिलका दिन शनिचर के दिने सँझिया अचानक बेमार भईल उनका के ईलाज के खातिर राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह सगरमाथा अञ्चल अस्पताल मे लियावल गईल रहे । ईलाज के समय मे उनकर मृत्यु भईल सप्तरी के प्रहरी प्रमुख एसपी कृष्ण प्रसाइँ जानकारी देहनी ।

धार्मिकसभा स्थल मे आउर एक आदमी के मृत्यु भईल खबर बाहर अईला पर भी पुलीस आ आयोजक उ बात के पुष्टि नइखन कईले । जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी प्रसाइँ एक जने के मात्र मृत्यु भईल खबर मिलल जानकारी देहनी ।

धार्मिक सभा मे हजारो मुश्लिम धर्माम्बली के सहभागिता रहल बा । शनिचर के दिने से अचानक मौसम मे परिवर्तन भईला के बाद बहुते सहभागी के जाडा से सतवले बा । सहभागी के सुते खातिर सभास्थल मे टेन्ट बनावल गईल बा । अधिकांश सहभागी खुदे बिछावे के आ ओढना लेके आईल बाडन ।
बहुते भीड के चलते आदमी बेमार पड सकेके कहत धार्मिकस्थल मे स्वास्थ्य शिविर के भी आयोजना कईल गईल बा । बोदे बर्साइन नगरपालिका के जाँजर टोलस्थित खड्ग नदी के किनार मे सभा के आयोजना कईल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।