वीरगंज मे किराना दोकान के गोदाम मे आगीलागल, लाखो के नोक्सानी

वीरगंज ०५ फागुन,
वीरगंज के माईस्थान स्थित विट्टु किराना दोकान के गोदाम मे आगलागी भईल बा । आगलागी से करिब ४० लाख मूल्य बराबर के सामान जरके नोक्सान भईल अनुमान कईल गईल बा ।
वीरगंज–५ के मनोज कुमार गुप्ता के किराना तथा कष्टमेटिक के समान राखल गोदाम मे आजु दिन के विद्युत सर्ट होके आगलागी भईल अनुमान कईल गईल बा ।
गुप्ता वीरगंज–६ गहवा माईस्थान स्थित मधुसुधन अग्रवाल के घर के निचलका तला मे किराना दोकान आ दुसरका तला मे गोदाम रखले रहलन । सोमार के दिने करिब १ः३० बजे के समय मे अचानक आगलागी भईल रहे ।
आगलागी से किराना आ कष्टमेटिक के समान जरला के साथे आगी बुतावे के समय मे पानी से भिज के नोक्सानी पुगल बा । आगलागी से ४० लाख बराबर के नोक्सानी भईल अनुमान कईल वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक निर्मल पनेरु जानकारी देहनी ।
“सञ्चालक गोदाम मे ८० लाख जेतना के सामान रहे कहके बतवले बाडन । आगी से जरला के साथे भिजल बा ।” कहत उ “४० लाख बराबर के नोक्सानी भईल अनुमान कईल गईल बा ।”
आगी वीरगंज महानगरपालिका के तीन गो दमकल के सहजोग मे नेपाली सेना, सशस्त्र आ नेपाल पुलीस मिल के बुतवले रहलन । बजार के बीच भाग मे आगी लागला के चलते नगरबासी त्रसित भईल रहलन ।





