मिडिया काउन्सिल विधेयक सुधार कईल सकारात्मक’ :-अध्यक्ष थापा

कास्की, ५ फागुन,
राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के अध्यक्ष कमल थापा मिडिया काउन्सिल आ सूचना प्रविधि विधेयक के सुधार करके संसद् मे प्रस्तुत कईल सकारात्मक रहल बतवले बानी ।
मिडिया नेपाल के केन्द्रीय समिति बईठक तथा प्रदेश समिति घोषणा कार्जक्रम के आजु पोखरा मे सम्बोधन करत उ कहनी कि, “सरकार सदन मे प्रस्तुत कईल दु विधेयक से स्वतन्त्र पत्रकारिता के नियन्त्रण करेके खोजले बा, अईसन कार्य प्रजातन्त्र आ संवैधानिक मूल्यमान्यता के विपरीत रहला से ओमे सुधार करेके प्रयास सराहनीय बा ।”
नेपाल के सञ्चारजगत् प्रजातन्त्र के स्थापना आ देश के समुन्नति तथा आर्थिक विकास मे सशक्त आवाज उठावल स्मरण करत अध्यक्ष थापा लोकतन्त्र के सुदृढ बनावे खातिर भी सञ्चार क्षेत्र के भूमिका के स्वतन्त्र आ स्वाभिमानी तरिका से अगाडि बढेके वातावरण बनेके बात मे जोड देहनी । नेपाल के सञ्चारजगत् से अभी व्यापारिक, राजनीतिक आ बाह्य दबाब तथा प्रभाव करके मुख्य तीन प्रकार के चुनौती के सामना कर रहल उ उल्लेख कइनी ।
राप्रपा वितल समय के गल्ती आ कमजोरी के सँचियावत आवेवाला दिन मे देश के प्रमुख शक्ति के रूप मे स्थापित होखेवाला किसिम से पार्टी के गतिविधि अगाडि बढल आ २०७७ साल जेठ २५ गते से नियमित समय से पहिले पार्टी के महाधिवेशन आयोजना करेके उ जानकारी देहनी । पार्टी के वरिष्ठ नेता दीपक बोहोरा आ बुद्धिमान तामाङ सञ्चार क्षेत्र मे रहल विकृति हटा के प्रजातन्त्र के असली पहरेदार के रूप मे मिडिया नेपाल स्थापित होखेमे सफल होखेमे विश्वास व्यक्त कइनी ।
एहितरे मिडिया नेपाल के गण्डकी प्रदेश समिति के अध्यक्ष मे सूर्य बास्तोला चयन भईल बानी । केन्द्रीय समिति बईठक से बास्तोला के अध्यक्षता मे सात सदस्यीय प्रदेश कार्यसमिति चयन कईले बा । समिति के उपाध्यक्ष मे श्वाम खवास, कृष्ण केसी, सचिव विष्णु पौडेल, सहसचिव दयाराम गहतराज आ कोषाध्यक्ष बद्री गौतम सदस्यमा गुरु दाहाल बानी ।
बईठक से प्रदेश नं ५ के उपाध्यक्ष मे श्रीधर सुवेदी, कर्णाली प्रदेश उपाध्यक्ष मे अंगत देवकोटा, सचिव मे कृष्ण खनाल, कोषाध्यक्ष राधिका जोशी आ काठमाण्डु उपत्यका संयोजक मे दीपेशराज थारू तथा केन्द्रीय सदस्यसब मे रञ्जीत प्रसाईं, विजय राउत आ सविता पोखरेल के मनोनीत कईल केन्द्रीय अध्यक्ष गोपाल पौड्याल जानकारी देहनी ।






