डिएसपी खत्री से कईल ज्यादती के विरुद्ध मे बारा किसान संर्घष समितिद्धारा आन्दोलन के घोषणा

प्रभु यादव

बारा ०६ फागुन,
फागुन २ गते बिहनीया के ५ बजे समय मे आर्दश कोतवाल गाँवपालिका के आलु किसान सफातुन नेशा, कुन्ती देबी, बिन्दा प्रसाद यादब तथा मंजारुल मिया अन्सारी आपन खेत मे उब्जावल आलु वीरगंज आ जितपुर सिमरा के बजार मे ट्रेक्टर पर राखे के बेचे लेजाये के समय मे बिरगंज भन्सार के ससस्त्र प्रहरी नायब उपरिक्षक अमर खत्री उ आलु आ गाडी नियन्त्रण मे लेहल विरुद्ध आन्दोलन के घोषणा कईले बाडन ।

उ घटना के विरुद्ध मे आन्दोलनकरत किसान सब प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापनपत्र बुझावेके बेर २४ घन्टा भितर फिर्ता करे के मातहत के निकाय मे पहल करे खातिर पत्रचार कईला केबाद भि आलु जप्त कईले बा जवना खातिर आन्दोलन के घोषन करे के परल संर्घष समिति के अध्यक्ष प्रभुनाथ पटेल जानकारी करावले बानी ।

कलैया मे पत्रकार सम्मेलन करत दोषी डिएसपी खत्री के कार्यवाहि आ टेक्कटर सहित के आलु फिर्ता गरे के माँग समेत कईले बाडन ।
फागुन ७ गते जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे १ बजे से २ बजे तक धर्ना, सिम्रौनगढ, पतरौता, सुवर्ण, आ आर्दश कोतवाल मे कार्यपालिका सदस्य सब से छलफल गर के चारो वडा पालिका मे रहल हाट बजार सब मे कोणसभा करे के आ १० गते सदरमुकाम कलैया मे बृहत जुलुस प्रर्दशन एवम कोण सभा करे के संर्घष समिति अध्यक्ष पटेल पत्रकार सम्मेलन मार्फत जानकारी दिहनी ।

साथे किसानलोग आपन खेत मे उब्जावल कउनो भी बाली के सहज रुपमे बजार तक पुगावे के बातावरण बनावे के भाग भी कईले बाडन । पत्रकार सम्मेलन मे राजपा के महामन्त्रि जितेन्द्र सिह, नेता रामकिशोर यादव, पुर्व जिल्ला बिकास समितिका सभापति छठु प्रसाद यादव लगायत के लोग प्रमुख जिल्ला अधिकारी फनिन्द्रमणि पोखरेल के लाचारीपन के कारण किसान दुःख भोगे के परल आरोप लगावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।