एमसिसी नेपाल के हित मे बा :- राप्रपा अध्यक्ष थापा

रुपन्देही, ६ फागुन,

राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के अध्यक्ष कमल थापा संयुक्त राज्य अमेरिका के मिलेनियम च्यालेञ्ज कर्पोरेशन (एमसिसी) आयोजना नेपाल के हित मे रहल बतवले बानी ।

राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी प्रदेश नं ५ से आजु बुटवल मे आयोजना कईल पत्रकार भेटघाट मे बोलत अध्यक्ष थापा एमसिसी के देश के हित मे रहला पर भी नागरिक मे अनेक आशङ्का पैदा भईला से सरकार आधिकारिक धारणा बाहर लियावे के बतवनी ।

“सम्झौता उपर भ्रम उत्पन्न भईल बा, उ चिरेके काम सरकार से करेके पडि । उ कहनी कि, “एमसिसी संसद् मे पारित होखेवाला विषय बडका ना भईला पर भी आधिकारिक धारणासहित कार्यान्वयन मे लेजाएके बतवले बानी ।

अध्यक्ष थापाले नागरिक के अपेक्षा मुताविक सरकार से काम करे ना सकला पर भी पाँच बरीस तक कायमे रहेके बतवनी । “वितल समय मे अस्थिरता से जनता वाक्क भईल बाडन । सरकार गिरावे के बात मे जनता के रुचि नइखे”, अध्यक्ष थापा कहनी, “जनता के स्थिर सरकार चाहिं ।”

वितल समय के निर्वाचन मे भोगेके पडल पराजय से पाठ सिखके कमजोरी हटावत पार्टी के देश के अग्रणी संस्था के रूप मे अगाडि बढावे के अभियान मे लागल बतावत अध्यक्ष थापा पार्टी के हिन्दू राज्य आ राजसंस्था से मात्र जोड के ना देखे खातिर निहोरा कइनी ।

उ राष्ट्रिय एकता, शान्ति आ स्थायित्व के खातिर साझा संस्था के रूप मे राजसंस्था जरुरी रहल निष्कर्ष पार्टी के रहल जनावत राजसंस्था के राजनीतिक विवाद मे तानेके ना होखी कहके बिचार रखनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।