प्रथम पर्सा गोल्डकप :- आजु के खेल मे पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब जितल

वीरगंज ०६ फागुन,
निजगढ एफ सि बारा के हरावत आयोजक पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब प्रथम पर्सा गोल्डकप के सेमीफाइनल मे पुगल बा ।
पर्सा के बढनिहार मे जारी प्रथम पर्सा गोल्डकप मे १ के बिरुद्ध ३ गोल करत आयोजक क्लव सेमीफाइनल मे प्रबेश कईले बा ।
खेल के सुरुवाती २४ वाँ मिनेट मे निजगढ के समिर तामाङ गोल कईल निजगढ के अग्रता दिलईले रहे । खेल के पहिलका हाफ मे १ गोल से पछाडि पाडल पर्सागढी दुसरका हाफ मे उत्कृष्ट प्रर्दशन कईलख । पर्सागढी के रमेन डंगोल खेल के ५८ वाँ मिनेट आ ७७ वाँ मिनेट मे लगातार गोल करक टिम के अग्रता दिलवनी ।
खेल के ७९ वाँ मिनेट मे पर्सागढी के सुसान्त चौधरी गोल कईला के बाद पर्सागढी ३–१ गोल अन्तरसे बिजयी बनल । खेल के म्यान अफ द म्याच पर्सागढी के रमेन डंगोल भइनी । उनका के पर्सागढी नगरपालिका के वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम ट्रफी प्रदान कइनी । प्रतियोगिता अन्र्तगत के बिहान के खेल बीरगंज युथ क्लव आ श्याम पराजुली युवा स्पोर्टस क्लव हेटौडा बीच होखी ।
फागुन १४ गते तक चलेवाला प्रतियोगिता मे प्रथम होखेवाला टिम नगद एक लाख सहित प्रमाण पत्र तथा दुसरका होखेवाला टिम नगद ५० हजार सहित प्रमाण पत्र मिलेके पर्सागढी युवा स्पोर्टस के अध्यक्ष याम बहादुर थापा जानकारी देहनी ।








