ठोरी मे बने लागल प्रतिक्षालय के गा.पा. अध्यक्ष श्रेष्ठ शिलान्यास कईनी

पोखरिया ०६ फागुन,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे निर्माण होखे लागल प्रतिक्षालय के आजु एगो समारोह के बिच शिलान्यास भईल बा ।
गाँवपालिका कार्यालय घ्याँङडाँडा मे निर्माण होखे लागल प्रतिक्षालय के आजु एगो कार्जक्रम के बिच बिधिवत रुप मे पुजापाठ करके गाँवपालिका अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ शिलान्यास कईले रहनी ।
गाँवपालिका के ६ लाख के सहजोग मे बने लागल प्रतिक्षालय के शिलान्यास करत गाँवपालिका अध्यक्ष श्रेष्ठ प्रतिक्षालय बनावे खातिर उपभोक्ता समिति मार्फत करेके आ प्रतिक्षालय पक्की होखेके बतवनी ।
उ अवसर मे उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष रतन बस्नेत, बिद्यालय के प्रअ सुजन ढुगेल, नेकपा के युवा नेता नाती काजी सुनुवार लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






