बिन्दाबासिनी गाँवपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रौनियार उपर दुव्र्यवहार

वीरगंज ०७ फागुन,
पर्सा के बिन्दाबासिनी गाँवपालिका के निम्मित प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मुन्नाकुमार रौनियार उपर दुव्र्यवहार भईल जनावल गईल बा ।
गाँव कार्यपालिका के कार्यालय बहुअर्वाभाठ्ठा मे वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष सुकदेव राउत अहिर खुद उपर दुव्र्यवहार कईला के साथे हाथपात कईल रौनियार बतवनी । बोर्ड बईठक के बिषय के लेके खुद उपर वार्ड अध्यक्ष अहिर गाली गलौज करत दुव्र्यवहार कईल अधिकृत रौनियार आरोप लगवले बानी ।
अधिकृत रौनियार कहनी कि, “एतवार के दिने बोर्ड बईठक बईठल रहे, उ बोर्ड बईठक मे सहभागी ना रहनी । माकिर अचानक बुध के दिने कार्यालय मे आके गाली गलौज करत पिटपाट करेके धम्की भी देहले बानी ।” उ बिषय मे खुद पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी बिष्णु कुमार कार्की के भी मौखिक जानकारी करावल अधिकृत रौनियार बतवनी ।
वार्ड अध्यक्ष अहिर धम्की ना देके अधिकृत रौनियार के सम्झावल बतवले बानी । कार्यपालिका सदस्य के जानकारी हि ना देके गाँवपालिका अध्यक्ष सँगे मिल के बोर्ड बईठक करवला से आइन्दा अइसन गल्ती ना करे खातिर सम्झावल उनकर दाबी बा ।
“अधिकृत हउवन त राजा हो गईलन, प्रधानमन्त्री हो गईलन, कुछो कईला पर भी सहेके ? चोरी करके सभा करेके ? अध्यक्ष जथि कहिअन उ करेके मिली ?” कहत उ “सम्झा के “अब गल्ती करब त मार खाइब” मात्र कहले बानी ।
उ गल्ती भईल कहके ५० जने के सामने माफी भी मँगले बाडन । हम उनका के कुछो नइखी कईले । अइसन ना करेके समझईला पर धम्की भइल ?” कहके सवाल कईनी ।






