पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं. ८ जगतपुर पुर्ण खोप वार्ड घोषणा

भोटा. संवाददाता÷

पोखरिया ०७ फागुन,
पर्सा जिल्ला के पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं. ८ जगतपुर के आजु एगो समारोह के बिच पुर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल गईल बा ।

ई वार्ड मे रहल लइकालइकीसब के स्वास्थ्य चौकी जगतपुर के जनानी स्वयं सेविकालोग के सहजोग आ अनमी, अहेबलोग घर घर मे पुग के खोप लगईला के बाद आजु वार्ड के पुर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल गईल बा । स्थानिय स्वामित्व आ सहभागिता पुर्ण खोप सुनिश्चित्ता हमनी के प्रतिवद्धता के नारा साथ पोखरिया नगपालिका वार्ड नं ८ जगतपुर मननपुर मे रहल स्वास्थ्य चौकी के प्राङ्गण मे वार्ड के पुर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल गईल बा ।

पोखरिया नगरपालिका स्वास्थ्य शाखा के आयोजना मे पुर्ण खोप वार्ड घोषणा समारोह कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नगरप्रमुख दिपनारायण रौनियार ममबती बारके उदघाटन कईला के साथे घोषणा पत्र पढ के पुर्ण खोप घोषणा कईले रहनी । का

के सम्बोधन करत मेयर रौनियार खोप के बारे मे खास करके १३ से २३ महिना के लइकालइकीसब के पुर्ण खोप ना मिलला पर अनेकन किसिम के बेमारी हो सकेके बतवनी । पुर्ण खोप होके मात्र ना होखी नगर भितर एक जने लइकालइकीसब के खोप से बञ्चित ना होखो कहत खोप के निरन्तरता करेके बात मे जोड देहनी ।

स्वास्थ्यकर्मीलोग के अहमभुमिका रहला से पइसा के साथे धर्म भी कमाईल जरुरी रहला से स्वास्थ्यकर्मीलोग ईमानदारी पुर्वक लागे खातिर निहोरा कइनी ।
जनानी स्वास्थ्य स्वमसेबिकालोग के स्वमं सम्मान बाहेक कउनो सेवा ना रहल बतावत ई लोग के जेनता भी सराहना कईला पर कमे होखी कहके बतवनी । बाकी रहल वार्ड के जलदी हि पूर्ण खोप घोषणा करेके बतवनी ।

वार्ड अध्यक्ष किशोरी साह तेली के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला जनस्वास्थ्य खोप अधिकृत अनिल सिंह, पोखरिया नगरपालिका के समाजिक बिकास शाखा प्रमुख बिनोद पाण्डे, नगरपालिका स्वास्थ्य संयोजक रामबिनय गुप्ता, पोखरिया अस्पताल के दिपिका सिंह, स्वास्थ्य चौकी जगतपुर के प्रमुख सिमा कुमारी साह, जनप्रतिनिधि सिंगासन मुखिया, ईब्राहिम मियाँ, देवली देबी, रिता देबी, आयुर्बेद के प्रमुख रबिन्द्र यादव, सुरेश साह, ईसलाम मियाँ, अहेब, अनमी लगायत स्थानियबासी के सहभागीता रहल रहे ।

पुर्णखोप घोषणा करावे मे सहजोग करेवाला जनानी स्वास्थ्य स्वमसेबिका आ स्वास्थ्यकर्मीलोग के दोसाला ओढा के प्रमाणपत्र से सम्मानित कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।