रौतहट मे मध्यरात गोली चलल, फरार अभियुक्त पकडईलें
रौतहट ७ फागुन,
हत्या लगायत के दर्जनो अपराध मे संलग्न तराई जनतान्त्रिक मुक्ति मोर्चा के पूर्वनेता कामेश्वर पटेल कुर्मी के पुलीस गोली मार के पकडले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौटहट आ बारा से खटल संयुक्त प्रहरी टोली काल्हु रात ११ बजे चन्द्रपुर नगरपालिका–४ स्थित जगलसहिया से कुर्मी के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के मुताविक, कुर्मी के वायाँ गोड मे २ राउन्ड गोली लागल बा । घायल कुर्मी के ईलाज के खातिर चन्द्रपुर प्रालि अस्पताल मे लेगईल पुलीस जनवले बा ।
कुर्मी पुलीस उपर गोली चलईला के बाद आत्मरक्षा के खातिर चार राउन्ड गोली चलावल पुलीस जनवले बा । कर्तव्य ज्यान लगायत के दर्जन से बेसी अभियोग कुर्मी उपर बा । उ अभियोग लागल समय से हि भागल रहलन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय, रौतहट से देहल जानकारी मुताविक, कुर्मी के साथ से १ थान नलकटुवा पेस्तोल आ ओमे लागेवाला ५ राउन्ड गोली भी बरामद भईल बतवले बा ।






