समृद्धि के यात्रा मे अवरोध करेवाला के हरावत अगाडि बढेम :- प्रधानमन्त्री

काठमाण्डु, ७ फागुन,

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली देश के समृद्धि के यात्रा मे अवरोध पुगावेवाला के हरावत अगाडि बढेके दाबी कईले बानी । विकास निर्माण, वैदेशिक लगानी जइसन समृद्धि के महाअभियान मे अवरोध पुगेवाला काम हो रहल करत उ ओइसन अवरोध से समृद्धि के यात्रा ना रुकेके स्पष्ट कइनी ।

राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी सहभागी ७० वाँ राष्ट्रिय प्रजातन्त्र दिवस के अवसर मे सैनिक मञ्च टुँडिखेल मे आजु आयोजना कईल विशेष समारोह के सम्बोधन करत प्रधानमन्त्री ओली कहनी कि, “देश समृद्धि के रास्ता मे अगाडि बढ रहला पर भी समस्या खडा करेके काम हो रहल बा, सरकार के विकास के यात्रा मे अवरोध के प्रयास भईला पर भी ओकरा के हकरावत अगाडि बढेके बतवनी ।”

प्रधानमन्त्री ओली राष्ट्र के सम्पन्नता के खातिर तय करेके रास्ता लम्हर भईल आ ओकरा ओरी देश यात्रारत रहल बतवनी । उ यात्रा के सुरुवात के औचित्यहिन आ अनावश्यक मान के प्रवृत्ति ओरी सरकार सचेत रहल बतवनी ।

संविधान जारी भईला के बाद आम निर्वाचनद्वारा बनल सरकार अबगे दु बरीस के कार्यकाल पूरा कईल स्मरण करत प्रधानमन्त्री ओली बितल बरीस के सरकार से राज्य सञ्चालन के आधार बरीस के रुपमे लेहल बतवनी ।

उ अभी नयाँ संविधान मुताविक के राज्य संरचना निर्माण, सङ्घीयता कार्यान्वयन, वित्तीय व्यवस्थापन, कानून आ जनशक्ति समायोजन करके सरकार अगाडि बढल बतवनी । “उहे आधार मे अगाडि बढत देश के समृद्ध बनावे के अभियान मे लागल बानी, ई समय मे सुशासन आ विकास के नतिजा आवे लागल बा, कुछ पुरा कईले बानी, कुछ निर्माणाधीन बा, कुछ अगाडि बढल बा”, प्रधानमन्त्री ओली कहनी ।

विसं २००७ के आजु के नेपाल के इतिहास मे अँजोर नयाँ युग के आरम्भ के गौरवमय दिन के रूप मे स्मरण करत उ ई दिन के सम्झना आ सम्मान मे सरकार से हरेक बरीस प्रजातन्त्र दिवस के रूप मे मनावत आईल उल्लेख कइनी । उ देश भितर आ देश बाहर रहल आम नेपाली के दिवस के अबसर मे शुभकामना व्यक्त कइनी ।

उ आजु के दिन के समाज के राजनीति आ शासन प्रणाली मे जहानीय निरङ्कुशता आ बरबरता से मुक्ति मिलल तथा लम्हर अन्धकार चिर के सुन्दर बिहानी प्राप्त भईल बिन्दु के रूप मे स्मरण कइनी । वर्तमान समय मे देश गरिबी से सम्पन्नता अ‍ोरी, अविकास से विकास ओरी आ अव्व्यावस्था से सुव्यावस्था ओरी अगाडि बढ रहल राज्य के ई अभियान के विजारोपण ७० बरीस अगाडि भईला से ई बीच के गरिमा के बँचाके राखे खातिर औपचारिकता से उपर उठे खातिर आम नेपाली के आह्वान कइनी ।

प्रजातन्त्र के हक अधिकार स्थापना के खातिर वितल समय मे भईल अनवरत सङ्घर्ष मे खुद के समाहित करेके वीरविरङ्गना के स्मरण करत प्रधानमन्त्री ओली वितल समय के प्रजातान्त्रिक आन्दोलन के गौरवमय इतिहास के केहु भोर पराए ना सकेके बतवनी । “आजु के दिन के जनता से चाहल राष्ट्र के समृद्धि के खातिर संकल्प करेके दिन ह” कहनी ।

द्वन्द्व व्यवस्थापन मे नेपाल मौलिक विधि अपना के व्यवस्थापन कईला से अभी देश आर्थिक विकास आ सामाजिक रुपान्तरण मे अगाडि बढल प्रधानमन्त्री के कहनाम बा । नेपाली समस्या खुदे समाधान करे सकेके कहके पहिचान दिलावल नेपाल अन्तर्राष्ट्रिय जगत् मे पहिचान विस्तार कईल आ नेपाल उपर विश्व के ध्यानाकर्षण भईल प्रधानमन्त्री के कहनाम रहे । उ देश प्रजातान्त्रिक अधिकार मार्फत देश के गरिमा बढावेके आ समृद्धि करेके जनता के चाहना सफलता ओरी अग्रसर हो रहल बा ।

नयाँ देश मे राज्य संरचना, नयाँ परिपाटी आ नयाँ संविधान के अभ्यास कर रहल उल्लेख करत उ एगो सरकार के जगहा मे दोसर सरकार बनल जइसन सहज ना भईल बतवनी । उ छोट समय मे चिरकाल से देखल गईल जनआकाङ्क्षा के सम्बोधन करेके चुनौती वर्तमान मे रहला से अभी के प्रणाली के संस्थागत आ सुदृढ करत समृद्धि ओरी के यात्रा अगाडि बढावेके जरुरत रहल बतवनी ।

उ समृद्धि के अभियान के समय मे कैयन पक्ष से आ रहल असन्तुष्टि, प्रणालीगत वदलाव, जनआकाङ्क्षा आ राज्य के संस्थागत आवश्यकता के देखेके अवस्था रहल बतवनी ।

विसं २००७ के परिवर्तन जइसन आजु के समय विकास आ समृद्धि के युग ह कहत प्रधानमन्त्री ओली निरङ्कुशतन्त्र आ अधिनायकवाद के परास्त करके इहाँ तक आइल भी बेरोजगारी आ पछौटेपन के अबस्था से देश के बाहर निकालेके अभिभारा सरकार बिच रहल बतवनी ।

“विकास के नयाँ युग मे प्रवेश करावे खातिर सरकार योजनाबद्ध रूप मे अगाडि बढल बा, आर्थिक विकास आ सामाजिक न्याय सहित के लोकतन्त्र के जनस्तर तक विस्तार एवं सुदृढ करेके रास्ता ओरी अगाडि बढल बानी”, उ कहनी ।

सन् २०२२ तक मे नेपाल के बहुते कम विकसित देश से स्तरोन्नति करेके आ २०३० तक मे दिगो विकास लक्ष्य हासिल करेके अभियान मे सरकार रहल बतवनी । ई लक्ष्य प्राप्त करे खातिर हमनी हरेक क्षण सम्भावना आ सामथ्र्य के सदुपयोग कर रहल प्रधानमन्त्री के कहनाम रहे । ई यात्रा से नेपाल के समृद्ध आ नेपाली के सुखी बनावे के आकाँक्षा पूरा होखेके उ विश्वास व्यक्त कइनी ।

ई समय सरकार आर्थिक एवं सामाजिक रुपान्तरण के कार्यभार कार्यान्वयन मे केन्द्रित रहल कहत उ समृद्धि प्राप्ति के ई अभियान मे मित्रराष्ट्र के सहजोग के अपेक्षा कइनी ।
उ देश के संविधान आ कानून मुताविक अगाडि बढावेके आ लोकतान्त्रिक प्रणाली मे व्यवधान पुगे ना देवेमे आम नेपाली के आश्वस्त कइनी । राष्ट्र निर्माण, प्रजातन्त्र प्राप्ति, लोकतन्त्र के खातिर कईल लम्हर संघर्ष आ इतिहास के परिघटना सम्बन्धी के ज्ञान के भावि पुस्ता से भी अध्ययन करेके बात मे जोड देहनी ।

उ समारोह मे राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी के नेपाली सेना के एक टुकडी सलामी अर्पण कईले रहे । समारोह मे प्रधानन्यायाधिश चोलेन्द्र शमशेर जबरा, सभामुख अग्नी सापाकोटा, राष्ट्रियसभा के अध्यक्ष गणेशप्रसाद तिमिल्सिनालगायत मन्त्रिगण, संवैधानिक निकाय के प्रमुख, नेपाल सरकार के विशिष्ट कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहे ।

उ समय मे अनेकन जातजाति के सांस्कृतिक झाँकी भी प्रदर्शन कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।