प्रथम पर्सा गोल्डकप :-आजु के खेल मे वीरगंज युथ क्लव जितल

वीरगंज ०७ फागुन,
पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब के आयोजना मे बढनिहार मे जारी प्रथम पर्सा गोल्डकप के पाँच वाँ दिन के खेल मे हेटौँडा के पराजित करत वीरगंज सेमीफाइनल मे पुगल बा ।
बुध के दिने भईल खेल मे श्याम पराजुली युवा स्पोर्टस क्लव हेटौडा के हरावत वीरगंज युथ क्लव सेमीफाइनल मे स्थान बनवले बा । आपन दु खेलाडि लगातार लाल कार्ड मिलला के बाद बिरोध मे उतरल हेटौँडा खेल बहिस्कार कइला पर वीरगंज के स्वतः विजयी घोषणा कईल गईल बा ।
३४ वाँ मिनेट तक गोलरहित बराबरी मे चल रहल खेल मे रेफ्री से बिबाद कईल कहत हेटौडा के क्याप्टेन श्याम पराजुली लाल कार्ड मिलल रहे । रेफ्रि के उ निर्णय उपर असहमती जनावत बिरोध करेके समय मे हेर्टौडा के दोसर खेलाडी राशी प्रजापति के भी लाल कार्ड देखावल गईल रहे ।
ओकरा बाद मैदान से बाहर निकलल हेटौँडा फेनु खेल मे ना अईला पर वीरगंज के स्वतः विजयी घोषणा कईल गईल रहे । खेल के म्यान अफ द म्याच बीरगंज युथ क्लव के गोलरक्षक जयाराम चौधरी भइनी । उनका के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ९ के वार्ड अध्यक्ष राम नारायण गौरो ट्रफी प्रदान कइनी ।
प्रतियोगिता अन्र्तगत के बिहान बीरगंज युनाइटेड आ हेटौडा एकेडेमी प्रतिस्पर्धा करी ।
फागुन १४ गते तक चलेवाला प्रतियोगिता मे प्रथम होखेवाला टिम के नगद एक लाख सहित प्रमाण पत्र तथा दुसरका होखेवाला टिम के नगद ५० हजार सहित प्रमाण पत्र देवेके पर्सागढी युवा स्पोर्टस के अध्यक्ष याम बहादुर थापा बतवनी ।






