प्रजातन्त्र दिवस के दिन वीरगंज मे राजावादी के प्रदर्शन

वीरगंज ०७ फागुन,
प्रजातन्त्र दिवस के दिन वीरगंज मे राजवादीलोग प्रर्दशन कईले बाडन । राजसंस्था के माग करत आईल उलोग आजु दिन के ढोलबाजा प्रदर्शन कईले बाडन । उलोग देश मे फेनु राजतन्त्र लियावे के माग कईले रहलन ।
नेपाल राष्ट्रवाद संघ वीरगंज के घण्टाघर चउक से जुलुस निकलले रहलन । जुलुस मे सहभागीलोग राजा आई देश बचाई, हमनी के राजा हमनी के देश प्राण से प्यारा बानी, राजसंस्था पुर्नस्थापना कर, राजनीतिक दल मुर्दावाद लगायत के नारा लगईले रहलन ।
घण्टाघर से निकलल जुलुस जुलुसमाइस्थान, आदर्शनगर, घडीअर्वा होत फेनु घण्टघार चउक मे पुग के समापन कईल गईल रहे । उ समय मे बोलत नेपाल राष्ट्रवाद संघ के अध्यक्ष जनकलाल साह देश मे राजनीतिक दलसब के चलते अराजकता, भ्रष्टाचार आ लुटतन्त्र बढल आरोप लगवनी ।
“दल के नेता के चलते देश बर्बाद भईल बा, अभी के व्यवस्था के चलते जनता आजित भइल बाडन कहत उ “देश बँचावे खातिर राजतन्त्र जरुरी बा” कहके बतवले रहलन ।






