करोना भाइरस विरुद्ध जनचेतना मूलक कार्जक्रम

वीरगंज ०८ फागुन,

करोना भाइरस विरुद्ध जनचेतना मूलक कार्जक्रम वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २५ श्रीसिया मे पुरा भईल बा ।

सशस्त्र पुलीस बोर्डर आउट पोष्ट श्रीसिया के प्रहरी निरिक्षक सुरज पौडेल के अध्यक्षता मे भईल सचेतनामुलक कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेस सभा सदस्य रमेस प्रसाद कर्मी कोरोना भाईरस से विश्व के अनेकन देश आतंकित बनल अवस्था मे ई जनचेतनामुलक कार्जक्रम फलदायी होखेके बतवले बानी ।

कोरोना भाईरससे बँचे खातिर अनिवार्य रुपमे माक्स लगावल जरुरी बा कहत मासुसब खईला पर बढिया से पाकल खाएके चाहिं कहके बतवले रहनी ।
“करोना भाइरस से खुद भी बँची आ दोसर के भी बँचाई” कहके मुल नारा के साथ भईल कार्जक्रम मे प्रहरी निरिक्षक पौडेल लगायत के अतिथि लोग श्रीसिया भन्सार होके आवेवाला यात्रु एवं सर्वसाधारणलोग के माक्स बँटले रहलन ।

कार्जक्रम मे डा. निरज सिंह, सशस्त्र पुलीस बोर्डर आऊट पोष्ट अलौं के प्रहरी निरिक्षक रबी थापा , एहितरे विनोद राना, गणेश पौडेल, वार्ड नम्बर २५ के वार्ड सदस्य लालबाबु गुप्ता लगयत के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन आसिक अंसारी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।