प्रथम पर्सा गोल्डकप ः आजु के खेल मे पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब जितल

वीरगंज ०९ फागुन,
वीरगंज युथ एकेडेमी के हरावत आयोजक पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब पर्सा के बढनिहार मे जारी प्रथम पर्सा गोल्डकप के फाइनल मे पुगल बा । पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब के आयोजना मे आजु भईल खेल मे वीरगंज के १ के बिरुद्ध २ गोल करत आयोजक फाइनल मे पुगल बा ।
बहुते रोमाञ्चक देखल गईल खेल के सुरुवाती २० वाँ मिनेट मे पर्सागढी के सुसान्त चौधरी पहिलका गोल कईले रहनी । खेल के ४७ वाँ मिनेट मे पर्सागढी के सुरज घिमिरे के दोसर गोल करत टिम के २ गोल के अग्रता दिलइनी ।
वीरगंज के ओरी से खेल के ५७ वाँ मिनेट मे आदित्य शाक्य १ गोल कईला पर भी जित के खातिर प्रयाप्त भईल । बेर बेर के अवसर के सदुपयोग करे ना सकला पर वीरगंज पराजित भईल । खेल के म्यान अफ द म्याच पर्सागढी के प्रशान्त भुजेल भइनी ।
उनका के पुर्व खेलाडी भी रहल आधारभुत बिद्यालय बागवाना मे प्रअ जोगेन्द्र प्रसाद चौधरी आ स्थानीय युवा सुनिल तिमल्सीना नगद सहित ट्रफी प्रदान कइनी । फाइनल प्रवेश के खातिर दोसर खेल बिहान दिन के ३ बजे हेटौडा फुटबल एकेडेमी आ नेपाल खेलकुद क्लव चपुरबीच होखी ।
फागुन १४ गते तक होेखवाला प्रतियोगिता मे प्रथम होखेवाला टिम नगद एक लाख सहित प्रमाण पत्र तथा दुसरका होखेवाला टिम के नगद ५० हजार सहित प्रमाण पत्र मिलेके पर्सागढी युवा स्पोर्टस के अध्यक्ष याम बहादुर थापा जानकारी देहनी ।






