सशस्त्र बिओपी अमरपटी अबैध भारतीय मुर्गी के बच्चा पडक के नोक्सान कईलख

पोखरिया ११ फागुन,
सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोष्ट अमरपटी के गस्ती टोली पर्सा के बिन्दबासनी गाँवपालिका वार्ड नं ३ झौवागुठी से भारतिय मुर्गी के बच्चा पकडले बा ।
भारत से अबैध रूप मे अमरपटी नाका होके नेपाल ओरी बिआर ०५एस७६८३ नम्बर के भारतिय मोटरसाइकल मे लिया रहल अवस्था मे २५०० सय मुर्गी के बच्चा सशस्त्र पुलीस अमरपट्टी पकड के नोक्सान कईले बा ।
सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक अरुण बिक्रम बस्नेत के टोलि २ लाख बराबर के मुर्गी के बच्चा आ १ लाख ३० हजार बराबर के भारतीय नम्बर मोटरसाइकल पकडले रहे । पकडाईल मुर्गी के बच्चा स्थानीयबासी, पशु क्वारेन्टाइन के प्रतिनिधि, नेपाल पुलीस आ पत्रकारलोग के रहोबर मे खान्ता मे तोप के नोक्सान कईल गईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक बस्नेत जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले भी तीन लाख बराबर के भारतिय मुर्गी के २ हजार बच्चा, मोटरसाइकल आ एगो भारतिय नागरिक के पकड के भन्सार बुझावल सिमा सुरक्षा कार्यालय पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक दिपेन्द्र पनेरु बतवनी ।






