बारा के प्रसौनी मे प्रिमियर लिग २ सुरू

प्रभु यादव
बारा ११ फागुन,
बारा के प्रसौनि गाँवपालीका २ मे टि २० लिग प्रिमियर क्रिकेट प्रतियोगिता सुरू भईल बा ।
प्रतियोगिता के एक समारोह के बिच उदघाटन करत संसद एकवाल मिया प्रसौनि के जवान लोग मे अग्रता देखल गईल बा जवना से खेल के आयोजना कईल जारहल जनकारी देहनी ।
उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मियाँ स्थानिय तह मे खेल सम्बन्धि ऐन लेयाल बा दर्ता करे के नियम भईल कहनी । विशिष्ठ अतिथि गावपालीका अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता खेल खेले के चाहिँ माकिर जित मात्र उदेश्य से ना नियम के पालन करत सफल होए के खेल खेलल करे के कहनी ।
नियम आ अनुसासन मे रह के खेलल खेल विजयी मानल जाला । ११ स्टार क्रिकेट क्लव बारा के आयोजना आ प्रसौनी गाँवपालीका के सहयोग मे सुरू भईल क्रिकेट प्रतियोगिता मे उपाध्यक्ष गिता साह, वार्ड अध्यक्ष लोग खेल प्रेमी लोग के सहभागिता रहल रहे ।
गाँवपालीका भर के खेलाडी सब मे से छान के चार टिम बनल बा उ टिम से छनोट कर के गाँवपालीका स्तरीय खेलाडी टिम बनावे के उदेश्य से आज से सुरू भईल खेल १७ गते सनिचर तक संचालन मे रहि सभाअध्यक्ष सुरेश साह जनकारी करावले बानी ।






