अब त अती हो गईल, पशुपति, राजेश आ सचिन के आतंक से सुनिल खण्डेलवाल पिडित

वीरगंज १२ फागुन,
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १० आदर्शनगर रहेवाला सुनिल खण्डेलवाल उपर उनकरे तीन भाईलोग यातना दिन पर दिन यातना देत आईल बाडन ।
भाईलोग पशुपति खण्डेलवाल, राजेश खण्डेलवाल आ सचिन खण्डेलवाल से पीडित सुनिल के पीडा सहे ना सकेके अवस्था मे पुगल बाडन । तिनु जने भार्यलोग घर अगाडि रात के अबेर तक धर्ना देके रहला के चलते खुदसब घर मे घुसे ना सकल पीडित सुनिल खण्डेलवाल के आरोप बा ।
जिल्ला अदालत पर्सा मे अँश मुद्दा विचाराधीन रहल अवस्था मे तिनु भाईलोग से मानसिक तथा शारिरिक यातना भोगत आईल सुनिल अभी भाईलोग के आतँक से आउर पिडित बनल बाडन ।
तीनुजने भाईलोग मिल के बितल १ बरीस से शारिरिक तथा मानसिक यातना देत आईल सुनिल के आरोप बा । तिनु भाईलोग मिल के सुनिल के पिटपाट कईला के साथे घर मे ताला लगा के सुनिल के परिवार सहित घर बाहर रहेके बाध्य बनावल, घर के बीच भाग मे देवाल लगावल, सिपटी मे ताला लगावल, पिटपाट कईल, किचन मे घुसे ना देहल जइसन कामसब करत आईल बाडन ।
तिनु भाई बितल पाँच महिना से उ घर छोड के शालिमार होम्स मे फ्लेट किन के रहत आईल बाडन । आपन कब्जा मे राखल व्यापार के कार्यालय भी दोसर जगहा लेगईल बाडन । सुनिल मात्र आपन परिवार सँगे उ घर मे रहत अईला के चलते विवाद कुछ दिन शान्त रहला पर भी अचानक शनिचर से फेनु ई विवाद सुरु भईल बा ।
सुनिल अकेले घर मे कब्जा करके रहल कहत तीनु जने भाईलोग एतवार के दिने घर के झाल फोर के घर मे घुस के खोजला पर विवाद उत्पन्न स्थानियलोग के कहनाम रहल बा ।
विवाद उत्पन्न भईला के बाद तत्काल घटना स्थल पुगल वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के पुलीस टोली दुनु पक्ष के वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता मे उपस्थिति करा के अब से दुनु पक्षबीच झै–झगडा ना करेके कहके लिखित सहमति भईल रहे आ घर मे कउनो पक्ष ताला लगावले बाडन त आपन घर मे सम्पत्ति रहला के चलते फोरके भी घर मे प्रवेश करे सकेवाला भईला से तीनु भाई मिल के झाल फोर के घर भितर घुसल रहलन । एतना भईला पर भी सोमार के दिने फेनु विवाद उत्पन्न भईल स्थानिय दर्शकलोग बतवले बाडन ।
तीन भाई के कामदारलोग घर के कोठरीसब मे लगावल ताला के अन्धाधुन्ध फोरेके खोजला पर खुद उपर दुव्र्यवहार होखे सकेके कहत सुनिल के मेहरारु उहाँ राखल पेट्रोल छिटला के बाद पुलीस उनका के वडा प्रहरी मे लेगईल रहे । कुछ देर छलफल के बाद सुनिल के मेहरारु के पुलीस आपन घर मे जाएके कहला के बाद घर मे अईला पर तीनु भाई के कामदालोग घर अगाडि धर्ना मे बईठला के चलते खुदसब घर भितर घुसे ना सकल आ बाहर रहेमे बाध्य भईल सुनिल आरोप लगवले बाडन ।
माकिर सुनिल के तीनु भाई मेसे सचिन खण्डेलवाल घर के सुनिल कब्जा करके राखला के चलते खुदसब घुसे ना सकल बतवनी ।
माकिर पशुपति, राजेश तथा सचिन खण्डेलवाल तीन दाजुभाई घर छोडके बितल पाँच महिना से शालिमार होम्स मे रहत आईल बाडन । तीन दाजुभाई के पर्सा जिला अदालत से बितल समय मे सुनिल उपर पिटपाट अंगभंग कईल अभियोग मे पक्राउ पुर्जी भी जारी भईल आ तारेख मे जमानत के कागजात लेके पुलीस प्रशासन से बँचे मे सफल होत आईल बाडन ।






