शेर्पा समुदाय के संस्कृति के संरक्षण मे प्रदेश सरकार प्रतिबद्ध बा :- मुख्यमन्त्री पौडेल

हेटौँडा, १२ फागुन,

वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल आपन साहस आ सामथ्र्य के माध्यम से देश के संसारभर चिन्हावे खातिर महत्वपूर्ण योगदान देहल शेर्पा समुदाय के सम्मान, भाषा, कला, संस्कृति के संरक्षण तथा संवद्र्धन करे खातिर प्रदेश सरकार प्रतिबद्ध रहल बतवले बानी ।

शेर्पा समुदाय के महान् सांस्कृतिक पर्व ग्याल्पो ल्होसार २१४७ के अवसर मे आजु एगो शुभकामना सन्देश प्रकाशित करत उ ई पर्व से नेपाली नेपाली बीच के भ्रातृत्व विकास मे सहजोग पुगावे के बतवनी ।

“नेपाल के हिमाली क्षेत्र के आदिवासी जनजाति शेर्पा समुदाय के महान् चाड ग्याल्पो ल्होसार के अवसर मे शेर्पा समुदाय, वाग्मती प्रदेशवासी तथा सभी नेपाली मे हार्दिक मङ्गलमय शुभकामना व्यक्त करत बानी”, उ सन्देश मे कहले बानी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल सन्देश मे कहले बानी, “महायान बौद्ध धर्मावलम्बी के नयाँ बरीस तथा ‘च्याक् फो च्यिवा लो २१४७ नेपाली नेपाली बीच के एकता, भ्रातृत्व आ समभाव वृद्धि मे सकारात्मक सन्देश फईलावे सको ।”
“मुस, गाई, बाघ, खराहा, मेघ, सर्प, घोडा, भेडा, बाँदर, चरा, कुकुर आ बराह (बँदेल) करके १२ वर्ग मे विभाजन करके मनावेवाला ल्होसार के बराह बरीस पूरा होके आजु से मुसा बरीस शुरु भईल बा । इहे खुशी मे सभी नेपाली शेर्पा समुदाय उल्लासमय तरिका से नयाँ बरीस मना रहल बाडन ।

भौगोलिकाता के हिसाब से हिमाल से तराई तक फईलल वाग्मती प्रदेश मे तराई के थारू समुदाय से हिमाल के शेर्पा समुदाय तक के बसोबास प्रदेश के सांस्कृतिक विविधता से भी पुरा बनवले बा”, उ सन्देश मे कहले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।