प्रदेश नं २ के सरकार परिवर्तन होखेके सपना ना देखला से होखी’ :- मुख्यमन्त्री राउत

जनकपुरधाम, १३ फागुन,

प्रदेश नं २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत स्व. महेन्द्रनारायण निधि लोकतन्त्र के निधि भईल बतवले बानी ।
गान्धीवादी नेता स्व महेन्द्रनारायण निधि के ९८ वाँ जन्मजयन्ती के अवसर मे नेपाली काँग्रेस कार्य समिति धनुषाद्वारा आजु इहाँ आयोजना कईल समारोह मे मुख्यमन्त्री राउत लोकतान्त्रिक आन्दोलन मे निधि से खेलल भूमिका हरदम स्मरणीय रहेके बतवनी ।

मुख्यमन्त्री राउत स्व निधि के लोकतन्त्र उपर के आस्था, विचार आ सिद्धान्त से उनकर नाम के निधि मात्र ना होके लोकतन्त्र के निधि बनावल प्रसङ्ग उल्लेख कइनी । उ कहनी कि, “निधि के त्याग, विचार, समर्पण के हमनी आपन वीवन मे उतारे सकला पर सच्चा लोकतन्त्र स्थापना कर सकेम, सामाजिक न्याय स्थापना हो सकता आ उत्पीडन मे रहल समुदाय के न्याय मिल सकता ।”

मुख्यमन्त्री राउत आजु के राजनीति मे भी स्व निधि सभी के खातिर प्रेरणा के स्रोत रहल बतावत मधेश के विकास के खातिर उ हरदम चिन्तित रहल प्रसङ्ग उल्लेख कइनी । एक फरक प्रसङ्ग मे मुख्यमन्त्री राउत ‘कुछ नेता मञ्चपिच्छे बोली बदलत सङ्घीयता के धराप मे पारेवाला किसिम से प्रदेश नं २ के सरकार के परिवर्तन के सपना से रहल बानी, ओइसन सपना ना देखला से होखी’ कहके बतवनी ।

जिल्ला सभापति महेश शङ्कर गिरी के अध्यक्षता मे भईल समारोह मे काँग्रेस के केन्द्रीय सदस्य महेन्द्र यादव, पूर्वमन्त्री रामकृष्ण यादव आ प्रदेशसभा सदस्य रामसरोज यादव गान्धीवादी नेता स्व निधि के व्यक्तित्व के बारे मे आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।