करैयामाई गाँवपालिका के ५ वाँ गाँव सभा पुरा

बारा १४ फागुन,
बारा के करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नं.२ मे रहल क्षी नेपाल राष्ट्रिय प्रा.बि करैया मे करैयामाई गाँवपालिका के पाँच वाँ गाँव सभा एवं आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के दुसरका गाँव सभा पुरा भईल बा ।
गाँवपालिका के अध्यक्ष भुनेश्वर धामी के सभापतित्व मे भईल उ गाँव सभा मे आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के बजेत गाँवपालिका के उपाध्यक्ष चित्ररेखा कुमारी चौधरी चालु खर्च पुजीगत खर्च आ बित्तिय व्यवस्था के पईसा कामसब के निमित रकम सहित करके जम्मा कुल रकम ४८,२५,६३,५३५ (अडचालिस करोड् पचिस लाख त्रिसठी हजार पाच सय पैतिस) रोपेया के आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के खातिर बजेट गाँव सभा मे प्रस्तुत कईले रहनी ।
गाँवसभा मे गाँवपालिका के नि.प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत बिरेन्द्र महतो, वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष सोनालाल साह, २ के सुरेन्द्र प्रसाद चौधरी, ३ के देबेन्द्र प्रसाद केशरी, ४ के जनाबी खातुन, ५ के उमेश प्रसाद चौधरी, ६ के राज कुमार चौधरी, ७ के बिरिज चौधरी, ८ के सुरेन्द्र साह लगायत गाँवकार्यपालिका सदस्य, गाँवपालका मे कार्यरत अनेकन शाखा प्रमुख, कर्मचारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






