सेलर मेल के पट्टा मे लपेटा के जनानी के मृत्यु

वीरगंज १५ फागुन,
पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ हरिहरपुर मे आजु आपन सेलर मेल के पट्टा मे लपेटा के एक जनानी के मृत्यु भईल बा ।
मृत्युु होखेवाला मे धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं ३ हरिहरपुर गाँव निवासी रामनारायण ठाकुर लोहार के ४२ बरीस के मेहरारु ललिता देबी ठाकुर रहल बाडि ।
दस बरीस से आपन सेलर मिल्स खुदे चलावत आवत रहनी । आपन सेलर मिल्स मे धान कुट रहल अवस्था मिल्स के चक्का मे उनकर ओढनी लपेटईला के बाद मिल्स के चक्का लछार पछार कईला के बाद जनानी के दुनु गोड टुटल आ मुडि मे भी चोट लागला के बाद उनकर घटना स्थल मे जनानी के मृत्यु भईल रहे ।
घटना स्थल मे ईलाका प्रहरी कार्यालय लंगडी के वसन्त थापा के कमाण्ड मे गईल पुलीस टोली घटना के बारे मे जानकारी करईला मे घटना स्थल मे ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रनि चन्द्र सिह पुग के मुचुलका तइयार करके मृतक जनानी के लास पोष्मार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल वीरगंज पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।
मृतक जनानी के दु गो बेटा आ एक जने बेटी रहल परिवारजन जनवले बा । ई घटना से गाँव हि दुःखीत बनल बा ।






