मधेस आन्दोलन के शहीद के शालिक बनावे खातिर ४० लाख

वीरगंज १६ फागुन,
पिछिलका मधेश आन्दोलन मे ज्यान गुमावल लोग के शालिक निर्माण मे सांसद आ वीरगंज महानगरपालिका ४० लाख रोपेया खर्च करेवाला बाडन । वीरगंज के घण्टाघरस्थित विपी उद्यान मधेशी शहीद पार्क मे शहीद के शालिक बनावे खातिर स्थानीय पूर्वाधार विकास साझेदारी अन्तर्गत पर्सा क्षेत्र नं. १ के २० लाख आ वीरगंज महानगरपालिकाका २० लाख करके ४० लाख रोपेया खर्च करे लागल बाडन ।
घण्टाघर बगल के सुलभ शौचामलय लगे चालु आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ भितर शालिक निर्माण पुरा होखी । समाजवादी पार्टी के संघीय सांसद प्रदीप यादव आ महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी शुक के दिने शाालिक निर्माण काम के शिलान्यास कईले बाडन ।
सांसद यादव सदियो से विभेद मे पडल मधेशी, दलित, मुस्लिम लगायत उत्पीडित समुदाय के अधिकार के खातिर शहीद से देहल बलिदानी मधेश के धर्ती मे हरदम अमर रहेके बतवनी ।
“राज्य के खातिर निकाय मे मधेशी जेतना अधिकार मिलल बाडन, मधेसी वीर शहीद के बलिदानी के प्रतिफल ह” कहत सांसद यादव “वीर शहीद के मधेश के धर्ती मे सम्मान करेके आ सम्झना मे राखे खातिर सहिद स्मारक निर्माण करे लागल बा ।”
पिछिलका मधेस आन्दोलन मे पर्सा मे ७ जने के मृत्यु भईल रहे । एक बरीस पहिले महानगरपालिका के स्वामित्व मे उहे विपी उद्यान के जमिन मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी आ भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री जितेन्द्र सोनल संयुक्त रुप मे शहीद पार्क के शिलान्यास कईले रहलन । माकिर पार्क निर्माण के काम अगाडि बढे नइखे सकल ।
महानगरपालिका से समन्वय ना करके पार्क निर्माण काम के शिलान्यास कईल कहत नगर प्रमुख सरावगी भी ओकर विरोध कईले रहलन ।






