देश मे सुशासन कायम होत गईल बा :- गृहमन्त्री थापा

कास्की, १७ फागुन,

गृहमन्त्री रामबहादुर थापा वितल समय के बराबरी मे देश मे शान्ति सुरक्षा तथा सुशासन कायम होत गईल बतवले बानी ।

गृह मन्त्रालय आ गण्डकी प्रदेश के आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्रालय से संयुक्तरुप मे आयोजना कईल प्रदेशस्तरीय सुरक्षा गोष्ठी के आजु पोखरा मे सम्बोधन करत उ सरकार के मात्र दाबी ना होके अन्तर्राष्ट्रिय सङ्घ संस्था सहित वितल समय से सुशासन मे बढिया भईल निष्कर्ष निकालल उल्लेख कइनी ।

उ कालापानी, लिम्पियाधुरा आ लिपुलेक के समेट के नेपाल सहित आपन नक्सा जलदी सार्वजनिक करेके तइयारी कईल बतावत भारत सँगे भूमि फिर्ता के खातिर सचिवस्तरीय छलफल तथा कूटनीतिक पहल हो रहल जानकारी करवनी ।

उ कहनी कि, “हमनी के ओरी से भी नेपाली भूमि फिर्ता के खातिर कूटनीतिक लविङ जारी रखले बानी, नेपाल के सभी भूमि समेट के नक्सा छापेके प्राविधिक काम पुरा भईल बा, ओकरा के जलदी सार्वजनिक कईल जाई ।”

सरकार सीमा मे रहल ८७ चेकपोष्ट के बढा के १०४ पुगावल बतावत ई बरीस भितर मे २०० से बेसी पुगावे के आ नेपाल के उत्तरी नाका सहित मे चेक पोष्ट वृद्धि करेके लक्ष्य रहल स्पष्ट कइनी ।

सरकार चालू आर्थिक बरीस के विकास के प्रारम्भिक बरीस के रुपमे मान के जरुरी नीतिगत आ कानूनी व्यवस्था कईला से देश विकास के गति मे अगाडि बढेके उनकर कहनाम बा ।

गृहमन्त्री थापा पार्टी के उपाध्यक्ष वामदेव गौतम के राष्ट्रियसभा मे लेजाएवाला पार्टी सचिवालय के निर्णय के मन्त्रिपरिषद् कार्यान्वयन मे लेजाएके तथा पार्टी मे बहस भईल स्वभाविक रहला पर भी कउनो भी विवाद ना रहल स्पष्ट कइनी ।

गोष्ठी मे प्रदेश सरकार के प्रतिनिधि सहित नेपाल प्रहरी, सशस्त्र तथा नेपाली सेना करके तीनु सुरक्षा अङ्ग के प्रतिनिधि के सहभागिता रहल बा । दु दिने गोष्ठी आजु सँझिया पुरा होखेके बतावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।