पटेर्वा सुगौली गा.पा. के चउथका विशेष गाँव सभा से आ.व. २०७६÷०७७ के बिनयोजित रकम संशोधन सहित सभा से अनुमोदन

वीरगंज१८ फागुन,

पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के चउथका विशेष गाँव सभा आजु एगो कार्जक्रम के बिच पुरा भईल बा ।
गाँवपालिका के सभा हल मे गाँवकार्यपालिका से आयोजना कईल चउथका बिषेश गाँव सभा मे आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के बिनयोजित रकम के परिमार्जन आ संशोधन करके सभा से अनुमोदन कईल गईल बा ।

८ करोड ५ लाख ३ हजार बराबर के बजेट संशोधन करके वार्ड नं १ मे स्वास्थ्य चौकी, देवाल बनावेके, सिपटी बनावेके, वार्ड नं २ के कनचनपुर मे अधुरा नाला पुरा करेके, वार्ड नं ३ मे बिषादी किनेके, कृषि मल, सिचाई समान किन के बाँटेके, वार्ड नं ४ मे बिपन परिवार के आर्थिक सहजोग रकम देवेके, वार्ड नं ५ मे फुटबल मैच करावेके लगायत के योजना संशोधन कईल बा ।

एहितरे सुलमालिया उल्म मदर्सा, श्रीनेरा माबी निचुटा मे चार कोठे भवन निर्माण, अरुणोदय कोपिला अधारभुत बिद्यालय मे दु कोठे भवन बनावेके निर्माण, बन देबी अधारभुत बिद्यालय मे भवन निर्माण, सडक निर्माण, नदि नियन्त्रण टटबन्ध, स्वास्थ्य, शिक्षा लगायत ३५ गो से बेसी योजना के संशोधन करके सभा से अनुमोदन करके गाँवपालिका के उपाध्यक्ष ममता महतो प्रस्तुत कईले रहनी ।

८ करोड ५ लाख, ३ हजार बराबर के बिनयोजित पईसा के संशोधन करके सभा से अनुमोदन कईल गईल बा । २०७७÷०७८ के आवेवाला बजेट संघिय सरकार आ प्रदेश सरकार इहे सभा से मांग करेके निर्णय कईल उपाध्यक्ष महतो बतवले बानी । नेपाल सरकार से आईल पईसा तिसरका गाँवसभा से अनुमानित ३२ करोड ९४ लाख एक हजार ५ सय बराबर के बजेट प्रसुत भईल रहे । उ मेसे अनुमानित बजेट बिनियोजन भईला मे संशोधन करके अनुमोदन कईल गईल बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी कार्जक्रम के उदघाटन करत नीति तथा कार्जक्रम मे प्रस्तुत कईल अनुमानित बजेट मे शीर्षक के रकम आउर शीर्षक मे काम करे ना मिलेवाला किसिम से बिनयोजित पइसा के संशोधन करके अनुमोदन कईल बतवनी । सभा मे एम्बुलेन्स सम्बन्धि उठल बात के गाँवपालिका भितर स्वास्थ्य संस्था मे दु गो एमबुलेन्स रहल आ आवेवाला आर्थिक बरीस मे गाँवपालिका मे भी एम्बुलेन्स राखेके प्रतिबद्धता भी जनवनी ।

गाँवपालिका अध्यक्ष चौधरी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख प्रसासकिय अधिकृत भुजेन्दर यादव, वार्ड अध्यक्ष बिजय गैरै, माधव प्रसाद राउत, फरमान मियाँ, राजेश्वर महतो थारु, मोतिलाल साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

कार्जक्रम मे कार्यपालिका सदस्य अमिन मियाँ, जवाला गिरी, नारायण साह, पलट प्रसाद थारु, पानवा देबी, रम्भा देबी, राजकिसोर गौरो, लक्षणदेव चौधरी, शिवशंकर राउत, संगिता देबी, सलमा खातुन, हेमराज चौधरी, दिपक कुमार, बिपिन मुखिया, योजना शाखा प्रमुख राजकुमार चौधरी, बिरेन्द्र चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन शिक्षा शाखा अधिकृत शम्भु साह कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।