
वीरगंज २४ फागुन,
पशुपति पुस्तकालय के आयोजना आ सचेत नागरिक समाज बारा के सहजोग मे होली मिलन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ पानीटंकी स्थित आपन भवन मे आयोजना कईल होली मिलन कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश सभा सदस्य ज्वाला साह आपन संसदीय कोष से आवेवाला आर्थिक बरीस मे सहजोग करेके प्रतिवद्धता जनवले बानी ।
तराई के महान पर्व फगुवा भईला से एकरा से सभ्य आ भव्य रुपमे मनावे खातिर सभी से निहोरा कईले रहनी । एहितरे प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी होली मिलन जवरजस्ती लोला मारेके, दारु पिके होहल्ला करेवाला क्रियाकलाप होखे ना देवेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
पशुपति पुस्तकालय के अध्यक्ष राजुु दाश के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्रा, समाजसेवी जङ्गवहादुर यादव, भरतबाहदुर मल्ल, पुस्तकालय के कोषाध्यक्ष पवन अग्रवाल, रामधारी यादव, लक्ष्मी चौधरी, जयप्रकाश साह, सत्या ठाकुर, रामविधया कुशवाहा, दिव्यानाथ श्रेष्ठ, विन्देश्वरी वर्मा, अनेन्द्रलाल कर्ण, अधिवक्ता प्रेमलाल चौधरी, एकरामुलहक, पुस्तकाल सहजोगी दुर्गा सुवेदी लगायत के सहभागिता रहल समाजसेवी रतन टेमानी बतवले बानी । कार्जक्रम के स्वागत किशोरी राम कईले रहनी ।






