दरबन्दी के शिक्षक ना भईला से पढाई लिखाई मे समस्या, सम्बन्धित निकाय मौन

वीरगंज २९ फागुन,
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका स्थित नेपाल राष्ट्रिय आधारभूत विद्यालय मसिहानी मे मावि शिक्षक के दरबन्दी ना भईला से पढाई लिखाई मे समस्या भईल बा ।
मावि राहत शिक्षक एक जने, प्रावि आ निमावि शिक्षक के भर मे मावि सञ्चालन मे रहल बा । विद्यालय मे २०६६ साल से मावि तह आ २०७५ साल से प्लस टु शिक्षा संकाय मे अध्यापन हो रहल बा । किलास ९ से १२ तक २६४ जने विद्यार्थी अध्ययनरत बाडन ।
पालिका मावि के खातिर १० लाख आ प्लस टु सञ्चालन के खातिर १२ लाख अनुदान देहले बा । माकिर अध्यापन करावे खातिर मावि तह मे विषयगत दरबन्दी के शिक्षक के कमी बा ।
विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष राम बडईप्रसाद कुर्मी शिक्षक माग कईल माकिर सम्बन्धित निकाय ना पठावल सिकाईत करेनी । “निजी स्रोत से केतना दिन तक चलावल जाई ? दरबन्दी के शिक्षक रहला पर सरकार पईसा दिहन कहके ह,” कहत उ, “माकिर माग करत करत हार गईल बानी । सुनुवाई हि नइखे होत ।”
उ शिक्षा मन्त्रालय मे दु बेर पुग के शिक्षक माग कईला पर भी ना पठावल बतवनी ।
शिक्षा विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्रालय के सूचना अधिकारी दिव्या दवाडी शिक्षक दरबन्दी मिलान के काम ओरईला के बाद विद्यालय मे अइसन समस्या ना होखेके बतवनी ।
“मन्त्रालय मापदण्ड बना के शिक्षक दरबन्दी मिलान के काम कर रहल बा,” कहत उ, “ओकरा बाद विद्यालय मे शिक्षक कमी के समस्या समाधान होखी” कहके बतवनी ।






