स्थानीय तह मे बडका जमघट ना करीं’ : सङ्घीय मामिला तथा सामान्य प्रशासन मन्त्रालय

काठमाण्डु २९ फागुन,

सङ्घीय मामिला तथा सामान्य प्रशासन मन्त्रालय देश के सभी ७५३ स्थानीय तह के बडका जमघट होखेवाला किसिम के सामाजिक काम भोज, उत्सव एवं पर्व मे सहभागी ना होखे खातिर सर्वसाधारण के आह्वान करेके निहोरा कईले बा ।

मन्त्रालय सभी स्थानीय तह के कोभिड–१९ के सङ्क्रमण रोके खातिर ११ बुँदे ध्यानाकर्षण पत्र पठावत बडका जमघट के कार्जक्रम मे सर्वसाधारण के सहभागी ना होखे खातिर निहोरा कईल मन्त्रालय के सहसचिव वसन्त अधिकारी जानकारी देहनी ।

मन्त्रालय आदमी के बडका जमघट होखेवाला सिनेमा हल, बसपार्क, पार्टीप्यालेस तथा सामूहिक बसोबास होखेवाला अपार्टमेन्ट जइसन जगहा मे स्वास्थ्यकर्मी टोली खटा के समय समय मे परीक्षण करेवाला व्यवस्था मिलावे के भी स्थानीय तह के निहोरा कईले बा ।

मन्त्रालय कोभिड–१९ के सङ्क्रमण नियन्त्रण मे ना आवे तक नेपाल प्रवेश करेवाला मुख्य सीमानाका मे उच्च सतर्कता अपनाके नेपाल प्रवेश करेवाला सभी यात्रु के स्वास्थ्य जाँच÷स्क्रिनिङ के काम के प्रभावकारी करेके निर्देशन देहले बा ।

स्थानीय तह मे रहल सभी अस्पताल, स्वास्थ्य केन्द्र मे उपलब्ध क्षमता के ध्यान मे राख के आकस्मिक अवस्था मे प्रयोग करे सकेवाला किसिम से जरुरी मात्रा मे अलगे श्यया के व्यवस्था मिलावेके, मरेजी के प्रारम्भिक जाँच, परीक्षण करेके आ सघन जाँच परीक्षण करेके देखल गईला पर प्रादेशिक तथा केन्द्रीय अस्पताल मे रिफर करके व्यवस्था मिलावे के भी निहोरा कईले बा ।

मन्त्रालय सभी स्थानीय तह के कोभिड–१९ के सङ्क्रमण, एकर रोकथाम आ नियन्त्रण के खातिर स्वास्थ्य सचेतना सम्बन्धी जनहित के सूचना जारी करके प्रचारप्रसार करे÷करावेके, स्यानिटाइजर, मास्क, दवाई एवं जरुरी सामान लगायत दैनिक उपभोग्य आउर सामान के बजार मे नियमित एवं सहज आपूर्ति के व्यवस्था तथा बजार स्वच्छता कायम राखे खातिर स्थानीय तह से सम्बन्धित निकाय से समन्वय करके बजार अनुगमन तथा नियमन के काम के प्रभावकारी बनावे खातिर निहोरा कईले बानी ।

एहितरे पडोसी मित्रराष्ट्र भारत से जुडल मुख्य नाका पशुपतिनगर, काँकरभिट्टा, जोगबनी, जयनगर, रक्सौल, सुनौली, जमुनाह, गड्डाचौकी लगायत जगहा मे अन्तर्राष्ट्रिय मापदण्ड मुताविक स्वास्थ्य कक्ष स्थापना करके स्थलमार्ग होत नेपाल प्रवेश करेवाला सभी यात्रु के स्वास्थ्य परीक्षण करेके, सीमावर्ती क्षेत्र मे जरुरी काम के बाहेक आवतजावत ना करे खातिर नेपाली नागरिक के सूचित करे खातिर मन्त्रालय स्थानीय तह के निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।