मृगौला पिडित के दु लाख नगद सहजोग

प्रभु यादव
बारा ३० फागुन,
समाजिक अभियन्ता युवालोग मृर्गौला पिडित के नगद रु दु लाख सहजोग कईले बाडन । बारा के कलैया उपमहानगरपालिका २४ श्रीपुर के ३२ बरीस के शिव विहारी राम के बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणिन्द्रमणि पोखरेल के रोहबर मे शुक के दिने समाजिक अभियन्ता युवालोग दु लाख नगद सहजोग कइनी ।
शिव बिहारी राम वितल एक बरीस से दुनु मृर्गौला मे समस्या भईला के बाद डाइलासिस करावत आईल बाडन । समाजिक अभियन्ता के युवालोग एकरा से पहिले भी पहिलका बेर ३५ हजार पाँच सय आ १० बोरा चाउर, दुसरका बेर १२ हजार छ सय २० आ तिसरका बेर दु लाख करके दु लाख ४८ हजार एक सय २० रोपेया सहजोग कईल अभियन्ता के सदस्य सुनिल प्रसाद कुशवाहा, मनोज प्रसाद चौरसिया, प्रेम प्रसाद यादव, मिथलेश सोनार, रबि राज कुशवाहा, बिकास प्रसाद गुप्ता बतवनी ।
खुदसब स्वदेश मे मात्र ना विदेश से भी सहजोग लेके पिडित के सहजोग करत आईल जानकारी देहनी । राम के आर्थिक अवस्था दयनीय रहल बा । उनका सँगे ऐलानी जमिन मे बनावल छोटा घर बाहेक कुछो सम्पत्ति नइखे । नाच गान करके आपन जिविका चलावत आईल राम बेमार भईला के बाद उनकर मेहरारु अनिता देवी ज्याला मजदुरी करके हाथमुह के समस्या हटावत आईल बानी ।
दातालोग से देहल दान आ चन्दा से हि राम के ईलाज करावत आईल उनकर मेहरारु अनिता बतवनी । उनकर दु बेटा आ एक बेटी बाडि । उ सहजोग करे चाहेवाला लोग मेहरारु अनिता देवी नाम के राष्ट्रिय वाणिज्य बैंक शाखा कार्यालय कलैया खाता नम्बर १२६००२४७५६१० मे सहजोग करे खातिर निहोरा कईले बानी ।



